भारतीय राजनीतिक नेता From Wikipedia, the free encyclopedia
राहुल गांधी (जनम 19 जून 1970) एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाने। राहुल गांधी भारतीय संसद के सदस्य रह चुकल बाड़ें, जे लोकसभा में अमेठी, उत्तर प्रदेश आ वायनाड, केरल के क्षेत्र सभ के प्रतिनिधित्व कइलें। ऊ मुख्य विपक्षी पार्टी भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के सदस्य हवें आ दिसंबर 2017 से जुलाई 2019 ले पार्टी के अध्यक्ष रहलें। भारतीय युवा कांग्रेस, भारतीय राष्ट्रीय छात्र संघ के अध्यक्ष आ राजीव गांधी फाउंडेशन के ट्रस्टी हवें आ राजीव गांधी धर्मादा ट्रस्टवो के ट्रस्टी बाने।
राहुल गांधी | |
---|---|
सांसद, लोक सभा | |
कार्यकाल 23 मई 2019 – 23 मार्च 2023 | |
इनसे पहिले | एम. आई. षणवास |
इनके बाद | घोषित होखल बाकी |
सीट | वायनाड, केरल |
कार्यकाल 17 मई 2004 – 23 मई 2019 | |
इनसे पहिले | सोनिया गांधी |
इनके बाद | स्मृति ईरानी |
सीट | अमेठी, उ.प्र. |
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के अध्यक्ष | |
कार्यकाल 16 दिसंबर 2017 – 10 अगस्त 2019 | |
इनसे पहिले | सोनिया गांधी |
इनके बाद | सोनिया गांधी |
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के उपाध्यक्ष | |
कार्यकाल 19 जनवरी 2013 – 16 दिसंबर 2017 | |
राष्ट्रपति | सोनिया गांधी |
इनसे पहिले | पद अस्थापित |
इनके बाद | पद समाप्त |
भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के जनरल सेक्रेटरी | |
कार्यकाल 25 सितंबर 2007 – 19 जनवरी 2013 | |
राष्ट्रपति | सोनिया गांधी |
भारतीय युवा कांग्रेस के अध्यक्ष | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 25 सितंबर 2007 | |
इनसे पहिले | पद अस्थापित |
एनएसयूआई के अध्यक्ष | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 25 सितंबर 2007 | |
इनसे पहिले | पद अस्थापित |
निजी जानकारी | |
जनम | नई दिल्ली, भारत | 19 जून 1970
राजनीतिक पार्टी | भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस |
माई-बाबूजी | राजीव गांधी (बाबूजी) सोनिया गांधी (महतारी) |
पढ़ाई |
|
दस्खत | |
वेबसाइट | Official website |
गाँधी, सोनिया गांधी आ राजीव गांधी के लइका हवें। नई दिल्ली में जनमल गांधी के शुरुआती बचपन दिल्ली आ देहरादून के बीच बीतल आ बचपन आ शुरुआती जवानी के बहुत समय ले ई सार्वजनिक क्षेत्र से दूर रहलें। प्राइमरी के पढ़ाई नई दिल्ली अउरी देहरादून में भइल लेकिन बाद में सुरक्षा के चिंता के चलते घरहीं पढ़ाई भइल। हार्वर्ड विश्वविद्यालय में जाए से पहिले ऊ सेंट स्टीफन कॉलेज से स्नातक के कैरियर शुरू कइलें। बाद में इनकर बाबूजी दिवंगत प्रधानमंत्री राजीव गांधी के हत्या के बाद सुरक्षा के खतरा के चलते उनुकर तबादला फ्लोरिडा के रोलिंस कॉलेज में हो गइल, जहँवाँ से उ 1994 में स्नातक भइलें। अगिला साल उ कैंब्रिज से एम.फिल. कइलें। ग्रेजुएशन के बाद ऊ लंदन के एगो मैनेजमेंट कंसल्टिंग फर्म मॉनिटर ग्रुप से आपन प्रोफेशनल कैरियर शुरू कइलें। जल्दिये उ भारत लवट के मुंबई के टेक्नोलॉजी आउटसोर्सिंग फर्म बैकॉप्स सर्विसेज प्राइवेट लिमिटेड के स्थापना कइलें।
2004 में गांधी सक्रिय राजनीति में आवे के घोषणा कइलें आ ओह साल भइल आम चुनाव में अमेठी से सफलतापूर्वक लड़लें, ई सीट पहिले उनके पिता के लगे रहल; ऊ 2009 आ 2014 में एह क्षेत्र से जीत हासिल कइलें आ पार्टी के राजनीति आ राष्ट्रीय सरकार में अधिका से अधिका शामिल होखे खातिर कांग्रेस पार्टी के दिग्गजन के आह्वान का बीच 2013 में कांग्रेस के उपाध्यक्ष चुनल गइलें आ एहसे पहिले महासचिव (जनरल सेक्रेटरी) के रूप में काम कइलें। ऊ 2014 के भारतीय आम चुनाव में कांग्रेस के प्रचार के नेतृत्व कइलें; पार्टी के इतिहास में एह में सबसे खराब चुनावी नतीजा मिलल, कांग्रेस एह चुनाव में बस 44 सीट जीत पवलस जबकि 2009 के आम चुनाव में एकरा से पहिले 206 सीट जीतल रहे। साल 2017 में उ अपना महतारी के बाद कांग्रेस पार्टी के नेता बनले अउरी पार्टी के 2019 के भारतीय आम चुनाव में ले गइलें। पार्टी के 52 सीट मिलल, जवना से विपक्ष के नेता के पद प दावा करे खाती जरुरी 10% सीट ना मिल पावल। चुनाव में ए खराब प्रदर्शन के बाद उ पार्टी के नेता के पद से इस्तीफा दे देले अउरी उनुका बाद उनुकर महतारी सोनिया गांधी पार्टी के नेता बनली।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.