रिफ्ट घाटी
टेक्टॉनिक हलचल के कारन बने वाली घाटी / From Wikipedia, the free encyclopedia
रिफ्ट घाटी पृथिवी के सतह पर टेक्टॉनिक हलचल के कारन बने वाली घाटी होखे लीं। साधारण तौर पर ई पहाड़ी इलाका सभ चाहे हाइलैंड सब के बीचा में लमहर दरार नियर आकृति के होखे लीं आ बेसी गहिराई होखे पर इनहन में झील के उत्पत्ती हो जाला।
अइसन घाटी तनावकारी चाहे बिस्तारकारी टेक्टॉनिक हलचल (एक्टेंशनल टेक्टॉनिक्स) के चलते फॉल्ट बने आ जमीन के नीचे के ओर धँसक जाए के कारन बनल एक ठो चाहे कई ठे रिफ्ट सब के रूप में बने लीं। इनहन के गहिराई में अउरी दुसरे अपरदन के क्रिया सब के चलते बढ़ती हो सके ला; पानी एकट्ठा हो जाए पर झील सभ के निर्माण हो सके ला, चाहे समुंद्र के पानी प्रवेश क के छोट सागर के रूप से सके ला। उदाहरण खातिर पूर्बी अफ्रीकी रिफ्ट घाटी में कई गो झील पावल जालीं आ अफिरका आ अरब प्रायदीप के बीचा में मौजूद लाल सागर एक किसिम के रिफ्ट घाटिये हवे जे समुंद्र में बूड़ गइल हवे। भारत में नर्मदा नदी के घाटी के रिफ्ट घाटी के उदाहरण मानल जाला।