बिहार क 20वाँ मुख्यमंत्री आ पूर्व केंद्रीय मंत्री From Wikipedia, the free encyclopedia
लालु प्रसाद यादव[2](जनम 11 जून 1948)[3] एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़ें। यादव, भारत के बिहार राज्य से हवें आ राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष बाड़ें आ बिहार राज्य के मुख्यमंत्री आ पंद्रहवीं लोकसभा में सांसद आ भारत के रेलमंत्री रह चुकल बाने।
लालू यादव | |
---|---|
रेलमंत्री | |
कार्यकाल 24 मई 2004 – 23 मई 2009 | |
प्रधानमंत्री | मनमोहन सिंह |
इनसे पहिले | नीतीश कुमार |
इनके बाद | ममता बनर्जी |
सीट | सारन |
बिहार के मुख्यमंत्री | |
कार्यकाल 4 अप्रैल 1995 – 25 जुलाई 1997 | |
इनसे पहिले | राष्ट्रपति शासन |
इनके बाद | राबड़ी देवी |
कार्यकाल 10 मार्च 1990 – 28 मार्च 1995 | |
इनसे पहिले | जगन्नाथ मिश्र |
इनके बाद | राष्ट्रपति शासन |
भारतीय संसद सदस्य छपरा सीट से | |
कार्यकाल 24 मई 2004 – 22 मई 2009 | |
इनसे पहिले | राजीव प्रताप रूडी |
इनके बाद | सीमांकन नया |
कार्यकाल 2 दिसंबर 1989 – 13 मार्च 1991 | |
इनसे पहिले | रामबहादुर सिंह |
इनके बाद | लाल बाबू राय |
कार्यकाल 23 मार्च 1977 – 22 अगस्त 1979 | |
इनसे पहिले | रामशेखर प्रसाद सिंह |
इनके बाद | सत्य देव सिंह |
निजी जानकारी | |
जनम | लालू प्रसाद यादव 11 जून 1948 गोपालगंज, बिहार, भारत[1] |
राजनीतिक पार्टी | राष्ट्रीय जनता दल (वर्तमान में) |
जीवनसाथी | राबड़ी देवी |
संतान | 7 बेटी 2 बेटा |
महतारी संस्था | पटना विश्वविद्यालय |
लालू प्रसाद यादव पटना विश्वविद्यालय के छात्र राजनीति से आपन राजनीतिक कैरियर के सुरुआत कइलें आ 1977 में जनता पार्टी के कैंडिडेट के रूप में 29 बरिस के उमिर में, तबतक के सभसे कम उमिर वाला लोक सभा सांसद चुनल गइलें।[4] साल 1990 में यादव बिहार के मुख्यमंत्री बनलें आ 1997 में चारा घोटाला में भ्रष्टाचार के आरोप में उनके इस्थीपा देवे के परल। 1997 से 2005 ले इनके मेहरारू राबड़ी देवी बिहार के मुख्यमंत्री रहली, लालू के आलोचक लोग एकरा के लालू के अप्रत्यक्ष सरकार के रूप में देखे ला।[5] बिहार में लालू के शासन के कानून बिहीन राज आ जंगल राज के नाँव दिहल जाला।[6] लमहर समय के बाद साल 2015 में लालू यादव के दल नीतीश कुमार के साथे बिहार बिधान सभा में पावर में आइल बाकी साल 2017 के जुलाई में लालू यादव, राबड़ी देवी आ तत्काल में उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव (लालू यादव के बेटा) के खिलाफ एन्फोर्समेंट डाइरेक्टरेट आ सीबीआई के द्वारा कई गो मामिला दर्ज करे के बाद नीतीश कुमार इनके पार्टी के पाछे हटा के, भाजपा के साथ मिल के सरकार बना लिहलें।
भीड़ खींचे वाला, चल्हाँक[7][8] आ मनोरंजक[9] नेता के रूप में पहिचान वाला यादव पर प्रदेश में जाति आधारित राजनीति के बढ़ावा देवे वाला भी मानल जाला[8], आ इनके खिलाफ भ्रष्टाचार के कई मामिला दर्ज बाने[10] 3 अक्टूबर 2013 के इनके पाँच साल के सजा आ ₹25 लाख के जुर्माना सीबीआई अदालत द्वारा चारा घोटाला मामिला में कइल गइल,[9] आ दुबारा एही मामिला में 23 दिसंबर 2017 के साढ़े तीन साल के सजा सुनावल गइल,[11] जबकि इनके सांसद बेटी मीसा भारती के खिलाफ भी आय से अधिक संपत्ति के मामिला एन्फोर्समेंट डाइरेक्टरेट द्वारा दर्ज कइल गइल बा,[12] आ चारा घोटाला के तीन गो मामिला अभिन भी इनका पर अदालत में लंबित बाने।[13]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.