From Wikipedia, the free encyclopedia
लिबर्टी दीप (अंग्रेजी: Liberty Island; लिबर्टी मने आजादी भा स्वतंत्रता; पूरा अर्थ होखी "आजादी के टापू") अमेरिका के संघीय सरकार के मालिकाना में, ऊपरी न्यू यॉर्क खाड़ी में मौजूद एगो दीप बाटे जेकरा के स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी खातिर जानल जाला। ई दीप पूरा तौर पर जर्सी शहर, न्यू जर्सी के जलक्षेत्र में बाटे बाकी ई न्यूयॉर्क शहर के हिस्सा हवे। एकरा के पहिले बेडलो दीप (Bedloe's Island) कहल जाय, 1956 में एगो अधिनियम पारित कइ के एकर नाँव बदलल गइल। 1937 में, दावा संख्या 2250, जे राष्ट्रपति फ्रेंकलिन डी रूजवेल्ट द्वारा प्रस्तुत कइल गइल, ई स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी नेशनल मॉन्यूमेंट के हिस्सा बनल आ 1966 में,[3] इतिहासी स्मारक सभ के राष्ट्रीय रजिस्टर में स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी नेशनल मॉन्यूमेंट, एलिस दीप आ लिबर्टी दीप के रूप में दर्ज भइल।[4]
लिबर्टी दीप Liberty Island | |
---|---|
लोकेशन | ऊपरी न्यू यॉर्क खाड़ी |
रकबा | 14.717 एकड़ (59,560 मी2) |
गवर्निंग बॉडी | यू॰एस॰ नॅशनल पार्क सर्विस |
U.S. National Monument | |
शामिल |
|
Designated by |
|
U.S. National Register of Historic Places | |
Official name: स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी नेशनल मॉन्यूमेंट, एलिस दीप आ लिबर्टी | |
Designated | 15 अक्टूबर 1966 |
Reference no. | 66000058 |
New Jersey Register of Historic Places | |
Designated | 27 मई 1971 |
Reference no. | 1535[2] |
New York City Landmark | |
Type | Individual |
Designated | 14 सितंबर 1976 |
यूनाइटेड स्टेट्स जनगणना ब्यूरो के अनुसार दीप के कुल रकबा 59,558 बर्ग मीटर, भा 14.717 एकड़ बाटे, आ ई संघ सरकार के सम्पति हवे। लिबर्टी दीप ऊपरी न्यूयॉर्क खाड़ी में जर्सी शहर आ हडसन काउंटी के जलक्षेत्र में बाटे। ई न्यूयॉर्क के मैनहट्टन बरो के दीप हवे।[5] एह तरीका से देखल जाय तब ई न्यूयॉर्क के ऍक्सक्लेव हवे।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.