वामपंथी राजनीति
From Wikipedia, the free encyclopedia
वामपंथी राजनीति (अंग्रेजी: left-wing politics) भा वामपंथ (अंग्रेजी: leftism) अइसन राजनीतिक बिचारधारा सभ के राजनीति ह जे सामाजिक समानता आ समतावाद के समर्थन करे लीं आ हासिल करे के कोसिस करे लीं, अक्सरहा सामाजिक पदानुक्रम (हैरार्की) के बिरोध में।[1][2][3][4] वामपंथी राजनीति में आमतौर पर समाज के ओह लोगन सभ के चिंता होला जिन्हन लोगन के एकर अनुयायी लोग दुसरा के सापेक्ष वंचित माने ला आ साथे-साथ इहो बिस्वास होला कि अनुचित असमानता बाड़ी सऽ जिनहना के कम करे भा खतम करे के जरूरत बा।[1]
फ्रांसीसी क्रांति के दौरान फ्रांसीसी इस्टेट्स जनरल में बइठे के ब्यवस्था के आधार प एह आधुनिक बाएँ-दहिने के राजनीतिक स्पेक्ट्रम के शब्दावली गढ़ल गइल हवे। आमतौर पर बाईं ओर बइठल लोग आसियाँ रेजिम आ बूर्बों राजतंत्र के बिरोध करे वाला आ क्रांति, लोकतांत्रिक गणतंत्र के निर्माण आ समाज के धर्मनिरपेक्षीकरण के समर्थन करे वाला लोग रहल[5] जबकि दाहिना ओर के लोग आसियाँ रेजिम के परंपरागत संस्था सभ के समर्थन करे वाला रहल। वामपंथी शब्द के इस्तेमाल 1815 में फ्रांसीसी राजतंत्र के बहाली के बाद अउरी बढ़-चढ़ भइल जब एकरा के निर्दलीय लोग (इंडिपेंडेंट्स) पर लागू कइल गइल।[6] विंग शब्द के पहिली बेर 19वीं सदी के अंत में लेफ्ट आ राइट में जोड़ल गइल, आमतौर पर अपमानजनक इरादा से आ वामपंथी (लेफ्टिस्ट) शब्द के इस्तेमाल ओह लोग पर कइल गइल जे लोग अपना धार्मिक भा राजनीतिक बिचार में गैर-रूढ़िवादी रहल।