![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e5/Las_Vegas_sportsbook.jpg/640px-Las_Vegas_sportsbook.jpg&w=640&q=50)
सट्टा
खेल के रिजल्ट पर बाजी लगावल / From Wikipedia, the free encyclopedia
"सट्टेबाजी" इहाँ अनुप्रेषित बाटे। मटका सट्टा खातिर, देखल जाय मटका (जुआ)। अन्य अरथ खातिर, देखल जाय जुआ।
सट्टा, सट्टेबाजी, खेल सट्टेबाजी (अंग्रेजी: sports betting), चाहे खेल में सट्टा एक किसिम के गतिबिधि हवे जेह में खेल के रिजल्ट के ऊपर दाँव लगावल जाला आ जीते के कोसिस कइल जाला।
![sportsbook, a board showing numbers](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e5/Las_Vegas_sportsbook.jpg/640px-Las_Vegas_sportsbook.jpg)
ई कानूनी भा गैरकानूनी, दुनों तरीका से, सट्टेबाज लोगन के माध्यम से रुपया-पइसा दाँव पर लगा के खेलल जाला आ कुछ दशा में जुआ के एगो किसिम हवे। कुछ जगहन पर एकरा खातिर कानून बनावल गइल बाड़ें जेकरा दायरा में ई काम लीगल भा कानूनी रूप से जायज मानल जाला जबकि अन्य दशा में ई अपराध के कटेगरी में गिनल जाला।
खेल में सट्टेबाजी से जुड़ल कई ठे स्कैंडल आ कांड हो चुकल बाड़ें। सट्टेबाजी के चलते मैच-फिक्सिंग आ स्पॉट-फिक्सिंग नियर घटना देखे में आइल बाड़ी स।