सनी लियोनी
अमेरिकन-कनाडाई ऐक्ट्रेस, बिजनेसवूमन, मॉडल आ पहिले के पोर्न ऐक्ट्रेस / From Wikipedia, the free encyclopedia
करनजीत कौर वोहरा[4] (जनम: 13 मई 1981)[1] जिनके सनी लियोनी भा सनी लियोन के नाँव से जानल जाला, सुरुआत में अश्लील (पोर्न) फिलिम में[5][6] काम करे वाली आ बाद में हिंदी सिनेमा में काम करे वाली ऐक्ट्रेस बाड़ी।[7] लियोनी के जनम कनाडा के ओंटेरियो में एगो सिख परिवार में भइल आ ई कनाडा आ अमेरिका के नागरिक हई।[2] एकरे पहिले ई करन मल्होत्रा के नाँव से भी काम कइले बाड़ी।[8][9]
सनी लियोनी | |
---|---|
जनम | करनजीत कौर वोहरा (1981-05-13) मई 13, 1981 (उमिर 42)[1] सार्निया, ओंटेरियो, कनाडा[2] |
राष्ट्रीयता | कनाडाई अमेरिकी |
पेशा | फिलिम एक्ट्रेस, (पहिले पोर्न फिलिम में) |
जीवनसाथी | डैनियल वेबर (2011–अबतक)[3] |
संतान | 1 |
अपना फिलिमी करियर के अलावा लियोनी कई गो सिंगल इवेंट सभ में भी काम क चुकल बाड़ी। अइसन पहिला शो, एमटीवी के बीडियो म्यूजिक अवार्ड रहल जेह में लियोनी रेड कार्पेट रिपोर्टर के काम कइली। साल 2011 में बिग बॉस के पाँचवाँ सीजन में प्रतिभागी रहली आ वर्तमान में ई एमटीवी के स्प्लिट्सविला कार्यक्रम के होस्ट के रूप में काम क रहल बाड़ी।
साल 2012 में ऊ पूजा भट्ट के कामुक थ्रिलर जिस्म 2 (2012) से बॉलीवुड डेब्यू कइली आ मुख्यधारा के एक्टिंग पर फोकस बदल दिहली जेकरा बाद जैकपॉट (2013), रागिनी एमएमएस 2 (2014), एक पहेली लीला (2015), तेरा इंतेजार (2017), आ 2019 में मलयालम फिलिम मधुरा राजा अइलीं सन।
अपना अभिनय कैरियर के अलावा ऊ अमेरिकन कैंसर सोसाइटी खातिर पइसा जुटावे खातिर रॉक 'एन' रोल लॉस एंजिल्स हाफ-मैराथन समेत अउरियो कई ठे एक्टिविज्म अभियान सभ के हिस्सा रहल बाड़ी आ पीपुल फॉर द एथिकल ट्रीटमेंट ऑफ एनिमल्स (पेटा) के बिज्ञापन खातिर भी पोज दे चुकल बाड़ी अभियान में बचावल गइल कुकुर के साथे, जवना में पालतू जानवर मालिकन के प्रोत्साहित कइल जाला कि ऊ लोग अपना बिल्ली आ कुकुरन के स्पायिंग आ न्युट्रेशन करावे।