सांता एना (हवा)
दक्खिनी कैलिफोर्निया में ढाल के सहारे समुंद्र तट के ओर बहे वाली तेज, गरम सूखल लोकल हवा / From Wikipedia, the free encyclopedia
सांता एना हवा (अंग्रेजी: Santa Ana winds; सैंटा ऍना विंड्स भा सांता ऍना विंड्स ) चाहे सान्ता अना[1] उत्तर अमेरिका के तटीय दक्खिनी कैलिफोर्निया आ बाजा कैलिफोर्निया में बहे वाली लोकल हवा हवे। ई तेज, गरम आ सूखल लोकल हवा होखे लीं जिनहन के उत्पत्ती अंदरूनी हिस्सा (इंटीरियर) में ग्रेट बेसिन के हाई-प्रेशर से होखे ला आ ई ढाल के सहारे उतरे वाली कैटाबैटिक हवा हईं जिनहन से समुंद्र तटीय इलाका परभावित होखे लें।
ई गरम सूखा मौसम वाली हवा होखे लीं आ आमतौर पर पतझड़ के समय (जे सभसे गरम सीजन भी होखे ला) में बहे लीं हालाँकि, ई साल में कब्बो बह सके लीं।[2] एकर एगो अउरी नाँव डेविल विंड्स (शैतान हवा) हवे काहें कि ई बहुत सूखल हवा होखे लीं आ जंगल के आगि फइलावे में इनहन के योगदान होखे ला।