From Wikipedia, the free encyclopedia
सिवान भारत की बिहार प्रांत में एगो शहर बा जेवन एही नाँव की जिला क मुख्यालयो हवे।
सिवान
𑂮𑂱𑂫𑂰𑂢 | |
---|---|
शहर | |
Coordinates: 26°13′12″N 84°21′36″E | |
देश | भारत |
राज्य | बिहार |
जिला | सिवान |
Elevation | 77 m (253 ft) |
Population (2001) | |
• Total | 182,913 |
भाषा | |
• अधिकारिक | भोजपुरी/𑂦𑂷𑂔𑂣𑂳𑂩𑂲, हिंदी |
Time zone | UTC+5:30 (भामस) |
पिन कोड | 841226-841227 |
लोक सभा निर्वाचन क्षेत्र | सिवान |
विधान सभा निर्वाचन क्षेत्र | सिवान |
Website | http://www.siwan.bih.nic.in/ |
सिवान (पुरान नाम अलिगंज)26.22°N 84.36°E अक्षांश पर स्थित बा।[1] सिवान के औसत ऊँचाई 77 मीटर (252 फिट) बा।
2011 के भारतीय जनगणना के अनुसार,[2] सिवान के जनसंख्या 3,318,176 रहल। जनसंख्या में पुरुष के सहभागिता 50.4% आ महिलाकुल के 49.6% रहल। सिवान में साक्षरता के दर 72% रहल, राज्य के साक्षरता औसत 63.8% से अधिक : पुरुषकुल के साक्षरता दर 82.8% बा, आ महिलाकुल के 60.4% साक्षरता दर बा। हालाकी राष्ट्रीय शैक्षणिक दर 74% से कम बा। पुरुषकुल के साक्षरता दर अचानक बढल बा बाकि, महिलाकुल के साक्षरता दर अभी तक बहुते पीछे बा। 2001 से 2011 के बीच , महिला लिंग अनुपात 1031 महिला प्रति एक हजार पुरुष से गिर के 984 महिला प्रति एक हजार पुरुष पर गिर चुकल बा। हालाकि इ दर राष्ट्रिय लिंग अनुपात दर 940 से बेहतर बा बाकि तेज गिरावट एगो चिंताजनक बात बा।
शब्द "सिवान" के मतलब भोजपुरी में सिमा होला। हाल के समय में इ बिहार, भारत के सिमा पर स्थित नईखे बल्कि कउनो समय में अहिजा भारत के सिमा रहल। डॉ0 राजेन्द्र प्रसाद (दिसम्बर 3, 1884– फरवरी 28, 1963) भारत के प्रथम राष्ट्रपति रहलन। उनका जन्म सिवान के जिरादेई में भइल रहल।
राजेन्द्र प्रसाद भारतीय स्वतंत्रता के कार्यकर्ता रहनी आ कांग्रेस पार्टी के नेता रहनी। भारतीय स्वतंत्रता आंदोलन में इहाके एक प्रमुख भूमिका निभइले रहनी। उहाँ के संविधान सभा के प्रमुख के रुप में भी भूमिक निभइले रहनी जिनके अध्यक्षता में 1948 से लेके 1950 के बीच गणतंत्र संविधान के मसौदा तैयार भइल। उँहाके स्वतंत्र भारत में प्रथम भारत के कैबिनेट में भी थोड़ा समय खातिर कैबिनेट मंत्री के रुप में आपन सेवा देले रहनी।
देशरत्न डॉ0 राजेन्द्र प्रसाद स्वतंत्रता आंदोलन में नेतृत्व करे खातिर जेतना हो सकत रहे ओतना दिन पटना में रहनीं। 6 फरवरी 1921 के बिहार विद्यापीठ के स्थापना भइल तब से उँहाके अहिजा खातिर काम कईनी, अहिजा रहनी।
ध्यान देबे लाएक बात की बहुत हाल ले सिवान में "कैथी" लिपि में भोजपुरी लिखल जात रहल ह। पर सरकारी प्रोपगेंडा आ हिंदी के प्रचार प्रसार के फेरा में कैथी (𑂍𑂶𑂟𑂲) लिपि आ भोजपुरी भाषा, ई दुनू के बलि दे दिहल गइल।
डॉ0 राजेन्द्र प्रसाद- स्वतंत्र भारत के प्रथम राष्ट्रपति, डॉ0 राजेन्द्र प्रसाद जी के घर जिरादेई गाँव में अवस्थित बा, जौन कि अहिजा से 8 किमी पश्चिम में स्थित बा। उँहा के स्वंत्रता आंदोलन के एगो कार्यकर्ता रहनी आ कांग्रेस पार्टी के नेता भी रहनी, भारतीय स्वतंत्रता खातिर इहाँके एगो अहम भूमिका निईले रहनी।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.