![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/02/Allahabad_city.jpg/640px-Allahabad_city.jpg&w=640&q=50)
सिविल लाइंस, इलाहाबाद
From Wikipedia, the free encyclopedia
सिविल लाइंस (पुराना नाँव कैनिंग टाउन जेकरा कैनिंगटन भी कहल जाय) इलाहाबाद के एगो मोहल्ला बा। ई मोहल्ला इलाहाबाद के सभसे प्रमुख पर्यटक आकर्षण त्रिवेणी संगम से करीबन 7 किलोमीटर पच्छिमी दिसा में बाटे।[3]
Quick Facts सिविल लाइंस कैनिंगटन, देस ...
सिविल लाइंस
कैनिंगटन | |
---|---|
इलाहाबाद के मोहल्ला | |
![]() इलाहबाद के आकासरेखा, इंदिरा भवन वाला इलाका | |
Nickname: | |
देस | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
शहर | इलाहाबाद |
बसावल गइल | 1857 |
Founded by | सी॰ बी॰ थाॅर्नहिल |
Government | |
• Type | मेयर-समिति |
• Body | प्रयागराज नगर निगम |
पिनकोड | 211001 |
Close
वर्तमान में ई इलाहाबाद के सेंट्रल बिजनेस डिस्ट्रिक्ट के रूप में डेवलप हो चुकल बा आ बड़ी-बड़ी इमारत, मॉल, शो-रूम आ अपार्टमेंट वाला इलाका बन गइल बा। चौकोर ग्रिड नियर बनावट में बनल सड़क वाला ई मोहल्ला रिहायशी कॉलोनी के रूप में बसावल गइल रहल आ इहाँ बड़े-बड़े बंगला रहलें, जबकि अब ई पूरा तरीका से कमर्शियल एरिया बनत जा रहल बा।
1858 में, सी. बी. थाॅर्नहिल के निगरानी में बसावल गइल ई इलाका अपना समय में भारत के सभसे बड़हन टाउन प्लानिंग प्रोजेक्ट रहल, जब तक ले कि दिल्ली शहर में प्लानिंग से बसाव ना शुरू भइल।