![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/1d/HMS_Waterwitch%252C_formally_Lancashire_Witch.jpeg/640px-HMS_Waterwitch%252C_formally_Lancashire_Witch.jpeg&w=640&q=50)
हाइड्रोग्राफी
From Wikipedia, the free encyclopedia
हाइड्रोग्राफी (अंग्रेजी: Hydrography) एक प्रकार के बेहवारिक बिज्ञान (एप्लाइड साइंस) बा जवन पृथ्वी पर पानी आ जलभंडार सभ के नापजोख आ बिबरन देवे के काम करे ला। ई बिज्ञान प्रिथ्वी पर मौजूद नदी, झील, तालाब आ समुंद्र के आकार, गहिराई, पानी के मात्रा आ पानी के लेवल नियर कई सारा चीजन के नाप आ बिबरण करे ला जवना के प्रमुख उदेश्य नेविगेशन (जहाज आ नाव के संचालन) में सुबिधा खातिर डेटा उपलब्ध करावल, पानी के लेवल के भबिस्यबाणी कइल आ अन्य कई सारा आर्थिक, सुरक्षा आ पर्यावरणीय मुद्दा सभ के अध्ययन में सुबिधा उपलब्ध करावल बाटे।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/1d/HMS_Waterwitch%2C_formally_Lancashire_Witch.jpeg/640px-HMS_Waterwitch%2C_formally_Lancashire_Witch.jpeg)