मिर्जा नसीरुद्दीन बेग मुहम्मद खान या नसीरुद्दीन मुहम्मद हुमायूँ या हुमायूँ मुगल साम्राज्य के दूसरा बादशाह रहलें। हुमायूँ ओह इलाका पर शासन कइलेन जेवन आज के समय में अफगानिस्तान, पकिस्तान आ उत्तरी भारत के बाटे। उनके मौत के समय मुगल साम्राज्य लगभग दस लाख बर्ग किलोमीटर के इलाका पर फइल चुकल रहल।

Quick Facts
मुगल बादशाह
बाबर १५२६ – १५३०
हुमायूँ १५३० – १५४०
१५५५ – १५५६
अकबर १५५६ – १६०५
जहाँगीर १६०५ – १६२७
शहरयार (डि फैक्टो) १६२७ – १६२८
शाहजहाँ १६२८ – १६५८
औरंगजेब १६५८ – १७०७
मुहम्मद आजम शाह (उपाधि वाला) १७०७
बहादुर शाह I १७०७ – १७१२
जहाँदर शाह १७१२ – १७१३
फर्रूखसियर १७१३ – १७१९
रफीउद्दरजात १७१९
शाहजहाँ II १७१९
मुहम्मद शाह १७१९ – १७४८
अहमद शाह बहादुर १७४८ – १७५४
आलमगीर II १७५४ – १७५९
शाहजहाँ III (उपाधि वाला) १७५९ – १७६०
शाह आलम II १७६० – १८०६
जहाँ शाह IV (उपाधि वाला) १७८८
अकबर II १८०६ – १८३७
बहादुरशाह II १८३७ – १८५७
साम्राज्य जे ब्रिटिश राज द्वारा अधिकार में लिहल गइल
Close

हुमायूँ बाबर के लड़िका रहलें आ बाबर के मौत के बाद सन् 1530 ई॰ में 23 बरिस के उमिर में गद्दी पर बइठलें। एकरा कुछ समय बाद सत्ता उनुके हाथ से निकल गइल, हालाँकि, कुछे समय के बाद फारस के सफदवी साम्राज्य के मदद से ऊ आपन राज फिर हासिल करि लिहलें।

सन् 1556 में, हुमायूँ के मौत अपना लाइब्रेरी के सीढ़ी से उतरत घरी गिर जाए से कनपटी पर लागल चोट से भइल। उनुके बाद मुगल सत्ता पर हेमू के आक्रमण भइल आ हुमायूँ के बेटा अकबर के भाग जाये के पड़ल आ अकबर के पंजाब के कलनौर में बादशाह घोषित कइल गइल।

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.