एगो डिजिटल आर्काइव From Wikipedia, the free encyclopedia
वेबैक मशीन (अंग्रेजी: Wayback Machine) एक किसिम के डिजिटल पुरालेखागार (आर्काइव) हवे जेह पर वल्ड वाइड वेब के पुराना चीजन के संग्रह कइल जाला। एकर अस्थापना सैन फ्रांसिस्को में मौजूद एगो बिनालाभ काम करे वाली संस्था इंटरनेट आर्काइव द्वारा कइल गइल। ई अइसन सुबिधा देला जेकरे इस्तेमाल से वेबसाइट के देखे वाला लोग "पुराना समय में वापिस" जा सके ला आ देख सके ला कि पहिले ई वेबसाइट सभ कइसन देखलाई पड़ें आ इनहन पर पहिले का सामग्री रह (जे हो सके ला अब हट गइल होखे)।
Screenshot | |
साइट के प्रकार | पुरालेख आर्काइव (Archive) |
---|---|
सर्विस के इलाका | दुनियाँ भर (चीन आ रूस के छोड़ के) |
मालिक | इंटरनेट आर्काइव |
वेबसाइट | web |
अलेक्सा रैंक | 166 (April 2020 तक ले [update])[1] |
रजिस्ट्रेशन | बैकल्पिक |
लॉन्च भइल | अक्टूबर 24, 2001[2][3] |
वर्तमान स्थिति | चालू |
प्रोग्रामिंग भाषा | जावा, पाइथन |
वेबैक मशीन के संस्थापक ब्र्यूस्टर काह्ले आ ब्रूस गिलीयत हवे लोग जे एह नीयत के साथे एकरा के बनावल कि पुरान आ बंद हो चुकल वेबपन्ना सभ के पुरालेखित, मने की आर्काइव कइल गइल, कॉपी सभ के अँगेज के "सगरी जानकारी तक युनिवर्सल पहुँच" उपलब्ध करावल जा सके।[नोट 1]
जब ई 2001 में लांच भइल ओकरा बाद से 452 बिलियन (4.52 खरब) पन्ना सभ के एह आर्काइव में जोड़ल गइल बाटे। एह सर्विस के चलते इहो बिबाद मचल चुकल बाटे कि बिना मालिक के परमीशन के कौनों वेबपन्ना के आर्काइव बनावल जाय की ना, काहें से कि कुछ देस आ राज्यक्षेत्रन के कानूनी सीमा में अइसन काम कॉपीराइट के उलंघन हो सके ला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.