लिखाई
मौखिक भा संकेत के कम्युनिकेशन के देखलाई पड़े वाला रूप में निरूपण के सिस्टम From Wikipedia, the free encyclopedia
Remove ads
लिखाई या लिपि (Writing system भा script) कौनों भी अइसन तरीका ह जेवना द्वारा बोलल जा सके वाला चीज के देखल जा सके लायक रूप में जाहिर कइल जाला। भाषा के बोलल जाए वाला रूप आ लिखल जाए वाला रूप में से लिखाई के इस्तमाल से लिखल रूप के फायदा ई होला की एह तरह से कौनों बात के सहेज के रखल भी जा सके ला आ एक जगह से दुसरा जगह भेजल जा सके ला।[1]
दुनिया में कई तरह के लिखाई के सिस्टम मौजूद बाड़ें। कुछ अल्फाबेट आ अच्छर के इस्तमाल से जबकि कुछ चित्र के इस्तमाल से भाषा के लिखे के काम आवे लें। लैटिन लिखाई अल्फाबेट सिस्टम आधारित हवे, जबकि भारत में चलन में ज्यादातर लिखाई सब आबूगीडा प्रकार के सिस्टम हवें जिनहन में स्वर आ व्यंजन के एक साथ मिला के लिखल जाला।
Remove ads
संदर्भ
Wikiwand - on
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Remove ads