एकेडमिक जर्नल (अंग्रेजी: academic journal) चाहे बिद्वत्तापूर्ण जर्नल (अंग्रेजी: scholarly journal) अइसन जर्नल भा पीरियॉडिकल (निश्चित समय के आँतर पर छपे वाला प्रकाशन) होलें जिनहन में कौनों अकेडमिक बिसय भा ज्ञान के शाखा के बिद्वात्तापूर्ण लेख, रिसर्च-पेपर आ रिव्यू छपे लें। ई जर्नल साधारण तौर पर पियर-रिव्यू जर्नल होखे लें जिनहन के रेफ्रीड जर्नल भी कहल जाला।[1]

Thumb
कई किसिम के बिद्वत्तापूर्ण जर्नल छपे लें; एह फोटो में फ़ूड-साइंस के कुछ जर्नल देखावल गइल बाड़ें।

ज्ञान के शाखा के सोभाव के हिसाब से एह जर्नल सभ के रूप आ फंक्शन अलग हो सके लें; बैज्ञानिक जर्नल आ सामाजिक भा कला के बिसय के जर्नल सभ में कुछ अंतर हो सके ला; ई लेख अकेडमिक जर्नल सभ के आम साधारण लच्छन सभ के बारे में बाटे। एह तरह जर्नल सभ के सामग्री के रूप में छपे वाला लेख मौलिक रिसर्च, रिव्यू लेख, आ किताब के रिव्यू होखे ला।

दुनियाँ के पहिला अकेडमिक जर्नल, जर्नल दे सावंस (Journal des sçavans) के मानल जाला जे जनवरी 1665 में छपल। एकरे ठीक बाद फिलोसोफिकल ट्रांजेक्शंस ऑफ़ दि रॉयल सोसाइटी (मार्च 1665), आ मेमोइयर्स दे ल'अकेडमी दे साइंसेस़ (Mémoires de l'Académie des Sciences) (1666) छपे शुरू भइलें। पूरा तरीका से पहिला पियर-रिव्यू जर्नल मेडिकल एस्सेस़ एंड ओब्ज़र्वेशंस (1733) रहल।[2]

संदर्भ

बाहरी कड़ी

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.