ऑनलाइन एडवर्टाइजिंग
एडवर्टाइजिंग भा बिज्ञापन के अइसन तरीका जेह में इंटरनेट के इस्तेमाल होला / From Wikipedia, the free encyclopedia
ऑनलाइन एडवर्टाइजिंग (अंग्रेजी: online advertising), जेकरा के ऑनलाइन मार्केटिंग, इंटरनेट मार्केटिंग, इंटरनेट एडवर्टाइजिंग, डिजिटल एडवर्टाइजिंग, चाहे वेब एडवर्टाइजिंग के नाँव से जानल जाला, मार्केटिंग के एगो अइसन रूप, तरीका आ प्रासेस हवे जेह में आपन प्रोडक्ट आ सर्विस सभ के ऑडियंस आ प्लेफार्म यूजर लोग ले पहुँचावे आ परमोट करे खातिर इंटरनेट के इस्तेमाल कइल जाला।[1] ऑनलाइन एडवर्टाइजिंग में ईमेल मार्केटिंग, सर्च इंजन मार्केटिंग (SEM), सोशल मीडिया मार्केटिंग, बिबिध किसिम के डिस्प्ले एडवर्टाइजिंग (जेह में वेब बैनर एडवर्टाइजिंग सामिल बा), आ मोबाइल एडवर्टाइजिंग आवे ला। एह रूप में बहुधा अब बिज्ञापन सभ अइसन ऑटोमेटेड सॉफ्टवेयर सिस्टम के द्वारा डिलीवर कइल जा रहल बाने जे कई वेबसाइट, मीडिया सर्विस आ प्लेटफार्म सभ पर ऑपरेट करे लें आ एह तरीका के प्रोग्रामैटिक एडवर्टाइजिंग के रूप में जानल जा रहल बाटे।[2]