खसरा
जमीन आ फसल के बिबरन लिखल दस्तावेज / From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख जमीन के दस्तावेज के बारे मे बा, बेमारी खातिर, खसरा रोग देखल जाय।
खसरा भा ख़सरा भारत आ पाकिस्तान में इस्तमाल होखे वाला एक तरह के कानूनी दस्तावेज हवे जेहमें जमीन आ फसल के बिबरन लिखल रहे ला। आमतौर पर ई शजरा (जमीन के नकसा) के साथ मिला के देखल जाला, आ एह में खेत के आकार, खेत के उपजाऊपन, मिलिकियत (के-के मालिक बा) आ केकर केतना हिस्सा बा, कवन फसल बोअल जाले, वगैरह के डिटेल में जानकारी दर्ज रहे ला।