सरकार से स्वतंत्र रूप में बनल बिना लाभ के काम करे वाला संगठन From Wikipedia, the free encyclopedia
गैर सरकारी संगठन भा गैर-सरकारी संगठन (अंग्रेजी: non-governmental organization) एनजीओ (NGO) अइसन संगठन (ऑर्गेनाइजेशन) होला जे सरकार से स्वतंत्र रूप में बनल होला। अइसन संगठन में से अधिकतर बिना लाभ के काम करे वाला होखे लें आ अक्सरहा मानवतावादी चाहे सामाजिक काम में लागल होखे लें या फिर सामाजिक बिज्ञान के क्षेत्र में काम करे लें; अइसन संगठन सभ में क्लब आ एसोसिएशन भी सामिल हो सके लें जे अपना सदस्य लोगन के आ अउरियो लोगन के कौनों किसिम के सर्विस उपलब्ध करावत होखें। सर्वे सब में ई सोझा आइल बा कि एनजीओ सभ पर पब्लिक के भरोसा होला, एकरा चलते ई संगठन सब समाज आ सामाजिक काम सब के हितधारकन (स्टेकहोल्डर) खातिर उपयोगी तरीका से काम करे वाला हो सके लें। हालाँकि, एनजीओ सभ कारपोरेशन सब खातिर लॉबी ग्रुप भी हो सके लें।
आजकाल्ह जवना अरथ में एह शब्द के इस्तेमाल हो रहल बा, पहिली बेर एकर जिकिर नया-नया गठित भइल यूनाइटेड नेशंस के चार्टर में 1945 में आर्टिकल 71 में भइल रहे। यूनाइटेड नेशंस के ग्लोबल कम्युनिकेशन बिभाग एकर परिभाषा देला — "बिना-लाभ काम करे वाला, स्वेच्छा से बनल नागरिक लोगन के मंडली (ग्रुप) जे लोकल, राष्ट्रिय भा इंटरनेशनल लेवल पर संगठित भइल होखे, आम जनता के भलाई के समर्थन में मुद्दा आ समस्या (इशू) सब से निबटे खातिर। एनजीओ शब्द एक कुछ असंगत इस्तेमाल, आ अक्सरहा पर्यायवाची के रूप में इस्तेमाल सिविल सोसाइटी खातिर होखे ला, जे कौनों भी अइसन एसोसिएशन हो सके ला जे नागरिक लोगन द्वारा अस्थापित होखे। कुछ देसन में, एनजीओ के गैर लाभकारी संगठन के रूप में जानल जाला आ राजनीतिक पार्टी आ ट्रेड युनियन सब के भी कब्बो-काल्ह एनजीओ मानल जाला।
एनजीओ सभ के बर्गीकरण दू गो आधारन पर कइल जाला (1) ओरिएंटेशन—मने कि कवना किसिम के कामकाज आ एक्टिविटी ऊ एनजीओ क रहल बा, जइसे कि मानवाधिकार, उपभोक्ता संरक्षण, पर्यावरणवाद, सेहत सुबिधा चाहे बिकास कार्य वगैरह; आ (2) ऑपरेट करे ले लेवल—मने कि, लोकल, राष्ट्रिय भा इंटरनेशनल स्तर पर काम क रहल बा। बिस्व बैंक एनजीओ सभ के अलगे तरीका से दू किसिम में बाँटे ला: ऑपरेशनल एनजीओ—जिनहन के सबसे पहिला काम बिकास संबंधी प्रोजेक्ट के डिजाइन बनावल आ लागू कइल होला; आ दुसरा किसिम, एडवोकेसी एनजीओ—जिनहन के प्राथमिक काम मुद्दा उठावल, आ राष्ट्रिय भा इंटरनेशनल सरकारी संगठन सभ के नीति आ बेहवार सभ के परभावित कइल होखे ला।
एगो आँकड़ा के मोताबिक, साल 2008 में रूस में कुल 277,000 एनजीओ रहलें। भारत में 2009 में लगभग 20 लाख एनजीओ रहलें (जे देस के प्राइमरी इस्कूल आ स्वास्थ्य केंद्र के तुलना में बेसी बाड़ें)। भारत में एनजीओ सभ द्वारा बिदेस से धन लेवे पर बिबाद भइल आ 2016 में करीब 20,000 एनजीओ सभ के बिदेस से धन लेवे पर रोक लगा दिहल गइल। भारत में कौनों एनजीओ बिदेस से पइसा ले सके एकरा खातिर ओकरा के विदेशी अंशदान नियमन अधिनियम (एफसीआरए), 2010 के तहत रजिस्ट्रेशन करावे के पड़े ला।
ई ऑर्गेनाइजेशन-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.