जंतु बिज्ञान
From Wikipedia, the free encyclopedia
जंतु बिज्ञान या प्राणी बिज्ञान जीव बिज्ञान क एगो शाखा हवे जेवन जंतु जगत के सगरी जीवधारी सभ, मने कि जानवरन के जीवन के अध्ययन करे ला। एह अध्ययन में जानवर सभ के शरीर के संरचना (स्ट्रक्चर), भ्रूणबिज्ञान (एंब्रियोलॉजी), क्रमबिकास, बर्गीकरण, आदत, आ बिस्व में बितरण वगैरह सामिल बाड़ें आ अइसन खाली जिंदा जानवरन खाती ना बलुक ओह जानवरन के बारे में भी अध्ययन होला जे बिलुप्त हो चुकल बाड़ें। एह में इहो अध्ययन कइल जाला कि जानवर सभ अपना इकोसिस्टम से कवना तरीका से क्रिया-अंतरक्रिया करे लें।
एकरे बिपरीत पौधा जगत के अध्ययन बनस्पति बिज्ञान नाँव के शाखा में होला आ ई दुनों जीव बिज्ञान के सभसे प्रमुख दू गो बिभाजन के रूप में अस्थापित शाखा बाड़ी सऽ।