ज्यॉफ्री चॉसर (Geoffrey Chaucer; /ˈɔːsər/; c. 1343 – 25 अक्टूबर 1400), जिनके अंग्रेजी साहित्य के जनक के रूप में जानल जाला,[1] मध्यजुग के सभसे बड़हन अंग्रेजी भाषा के कबी मानल जालें। ई पहिला अइसन ब्यक्ति रहलें जिनके वेस्टमिन्स्टर एबे में पोएट्स कॉर्नर (कबी लोग के कोना) में दफनावल गइल।

Quick Facts ज्यॉफ्री चॉसर, मूल नाँव ...
ज्यॉफ्री चॉसर
Thumb
चॉसर के पोर्ट्रेट c. 1380.
मूल नाँव
Geoffrey Chaucer
जनमc. 1343
लंदन, इंग्लैंड
निधन25 अक्टूबर 1400(1400-10-25) (aged 56–57)
समाधीवेस्टमिन्स्टर एबे, लंदन
पेशालेखक, कबी, दार्शनिक, नौकरशाह, डिप्लोमैट
समयबाद के मध्यकाल
जीवनसाथीफिलिपा रोएट
संतान
  • एलिजाबेथ चॉसर
  • टॉमस चॉसर
Close

ज्यॉफ्री चॉसर के जियते समय इनकर परसिद्धि लेखक, कबी, दार्शनिक आ ज्योतिषी के रूप में भ गइल रहे। साथे साथ ई आपन सिविल सर्विस के कैरियर आ दरबारी आ डिप्लोमैट के रूप में भी सक्रिय कैरियर चालू रखलें। ज्योतिष के बारे में इनके ज्ञान के जानकारी एह बात से मिले ला कि ई अपना दस बरिस के लड़िका लेविस खाती एस्टरलोब (ज्योतिष संबंधी बेध करे में इस्तेमाल होखे वाला एगो यंत्र) के इस्तेमाल संबंधी बैज्ञानिक किताब लिखले रहलें।

इनके प्रमुख रचना सभ में दि बुक ऑफ़ डचेस, दि हाउस ऑफ़ फ़ेम, दि लीजेंड ऑफ़ गुड वीमनट्रोलियस एंड क्रीसेड बाड़ी सऽ। आज के समय में इनकरा के सभसे ढेर जानल जाला इनके रचना दि केंटरबरी टेल्स खाती।

चॉसर के रचना आ साहित्यिक काम के सभसे ढेर महत्व एह कारन भी हवे कि ऊ ओह जमाना के मध्यकालीन अंग्रेजी बोली के आपन भाषा के रूप में ले के आपन रचना कइलें जबकि ओह समय में इंग्लैंड में साहित्य खाती आ सभ्य समाज के भाषा लैटिनफ्रेंच रहली सऽ।

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.