![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/4/42/Chandas_typeface_specimen.svg/langbh-640px-Chandas_typeface_specimen.svg.png&w=640&q=50)
देवनागरी
एगो लिखाई (लिपि) / From Wikipedia, the free encyclopedia
देवनागरी, जेकरा के नागरी भी कहल जाला,[4] बाएँ से दहिने लिखल जाए वाली आबूगीडा (खंड-खंड में लिखल जाए वाली लिखाई के सिस्टम चाहे लिपि) ह,[5] जे ब्राह्मी लिखाई पर आधारित हवे,[1] आ भारतीय उपमहादीप में इस्तेमाल होखे ले। ई भारत आ नेपाल के ऑफिशियल लिपि हवे। एकर बिकास 7वीं सदी में भइल आ तबसे ई रेगुलर इस्तेमाल में बाटे।[4][6] देवनागरी लिखाई में कुल 47 गो प्राथमिक कैरेक्टर बाड़ें, जिनहन में 14 स्वर आ 33 व्यंजन बाड़ें, आ ई दुनिया के चउथा सभसे बेसी इस्तेमाल होखे वाली लिखाई हवे,[7] जेकर इस्तेमाल करीबन 120 से बेसी भाषा सभ के लिखे खातिर हो रहल बाटे।[8]
Quick Facts देवनागरी, प्रकार ...
देवनागरी | |
---|---|
![]() देवनागरी अच्छर (Chandas फोंट में) | |
प्रकार | |
भाषा | भोजपुरी, हिंदी, मराठी, मैथिली, नेपाली, नेवारी, कोंकणी, बोडो, सिंधी आ संस्कृत |
काल | सुरुआती चीन्हा: पहिली सदी ईस्वी,[1] आधुनिक रूप: 10वीं सदी ईसवी[2][3] |
परिवार | ब्राह्मी
|
संतान | गुजराती मोड़ी |
बहिन सभ | गुरुमुखी, नंदनागरी, कैथी |
लिखे के दिशा | बायें-से-दहिने |
ISO 15924 | Deva, 315 |
युनिकोड नाँव | Devanagari |
युनिकोड बिस्तार | U+0900–U+097F देवनागरी, U+A8E0–U+A8FF देवनागरी बिस्तारित, U+1CD0–U+1CFF वैदिक बिस्तार |
Close