![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/6/60/Klamath_river_estuary.jpg/640px-Klamath_river_estuary.jpg&w=640&q=50)
नदी मुहाना
From Wikipedia, the free encyclopedia
नदी मुहाना (अंग्रेजी: Estuary, एश्चुअरी ) नदी द्वारा बने वाला एगो थलरूप हवे जेवन नदी के समुंद्र में मिलत घरी बनेला, जब नदी आपन गाद-बालू जमा क के डेल्टा बनावे के बजाय सीधे समुंद्र में पानी छोड़े ले। समुंद्र से नदी के मिले के जगह पर बालू-माटी जमा करे से बनल थलरूप डेल्टा कहाला; मने कि नदी आ समुंद्र के मिलन, थलरुपी बर्गीकरण के आधार प दू किसिम के होला - नदी मुहाना (एश्चुअरी) आ नदी डेल्टा।