मेहरारू (रिश्ता के अरथ में) भा मेहरी, औरत (रिश्ता के अरथ में), (संस्कृत: पत्नी) बियाह के रिश्ता में सहभागी मरदाना आ औरत में से औरत के कहल जाला। मरद-मेहरारू के रिश्ता में, आमतौर पर मेहरारू के कुछ कर्तब्य आ अधिकार होलें जे संस्कृति आ समाज अनुसार अलग-अलग जगह आ अलग-अलग समय में अलग-अलग किसिम के पावल जालें।

Thumb
The Merchant's Wife (1918) by Boris Kustodiev

आमतौर पर, पितृसत्ता वाला समाज में, जहाँ परिवार के मुखिया केहू मरदाना होखे आ परिवार के बंस लइका से चले, मेहरारू से अस्थान मरद के तुलना में कम आँकल जाला आ मेहरारू के अधिकार कम होलें।

अउरी सबद सभ

मेहरारू संगे अउरी सभ सबद जे बोलल जाला, ऊ हऽ: इस्तिरी, मउगी (चाहे माउग), बहू (चाहे बह), बो (चाहे बौह), जन्नी, बेकत (ई मरदो ला कहल जाला), जनाना, जोरुकबिला (अंतिम के दुगो मियाँ लोग बेसी बोलेला)। जौजी खाली मियाँ लोग बोलेला। जब कवनो बड़ अदिमी से बतिआवल जाला तऽ सवारी चाहे घर के लोग के परजोग कइल जाला, जइसे "अपने के सवारी अइली हऽ" चाहे "रवां घर के लोग कहवां बाड़ी?"।[1]

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.