एसोसिएशन फुटबॉल चाहे आम भाषा में फुटबॉल आ अंग्रेजी में सॉसर एगो गेना क खेल हवे। एकर पूरा नाँव एसोशियेशन फुटबाल ह। जवनी गेना से ई खेल खेलल जाला ओ गेनओ के फुटबाले कहल जाला।

Thumb
फ़ुटबाल का खेल - दस नंबर वाला खेलाड़ी सामने वाला गोल पोस्ट में गेना मार के गोल कइला की कोसिस में बा

फ़ुटबाल एगो चौकोर मैदान में खेलल जाला जवन 90 से 120 मीटर लम्बा आ 45 से 90 मीटर चाकर होला। दुनो लंबाई वाला छोर पर गोल पोस्ट होला। ए गो टीम में गोलकी के ले के इगारह गो खेलाड़ी होला। टीम क सारा खिलाड़ी आपस में मिल के चालाकी से ई कोसिस करेलन कि सामने वाला गोल पोस्ट में गेना मार दिहल जाय। एही के गोल कइल कहल जाला। ए गो टीम में इगारह गो खेलाड़ी होला जवना में ए गो गोलकी अइसन होला जे गेना के अपनी पेनाल्टी एरिया की भीतर हाथ से पकड़ सके ला नाहीं त बाकी कौनो खेलाडी के गेना के हाथ से ना छुए के रहेला। ए तरे दुनो टीम की बिचा में कम्पटीशन होला कि कवन टीम ढेर गोल क देले। अगर निश्चित समय में दुनों में से कौनो टीम गोल ना का पावेले चाहे दूनो क गोल बराबर हो जाला त अधिका टाइम दिहल जाला। जब अधिकवो टाइमवा खतम हो जाला तब फिर फैसला पेनाल्टी शूट से होला।

इहो देखल जाय

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.