![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/dc/Flora_OR_-_aerial.jpg/640px-Flora_OR_-_aerial.jpg&w=640&q=50)
मानव बस्ती
𑂍𑂫𑂢𑂷 𑂦𑂲 𑂄𑂍𑂰𑂩 𑂍𑂵 𑂮𑂧𑂳𑂠𑂰𑂨, 𑂔𑂫𑂢𑂰 𑂧𑂵𑂁 𑂪𑂷𑂏 𑂩𑂯𑂵𑂪𑂰 / From Wikipedia, the free encyclopedia
भूगोल, सांख्यिकी, आ पुरातत्व बिज्ञान में बस्ती, स्थानीय निकाय भा सघन क्षेत्र एगो अइसन समुदाय के समझल जाला जहवाँ लोग रहेला। बस्ती के जटिलता एगो छोट जगह पर कुछेक घर के समूह से लेके सब से बड़हन शहर जवन चारो तरफ से सघन आबादी से घिरल बा तक फैलल हो सकत बा। बस्ती के मतलब एगो छोट टोला (टोल/टोली, अंग्रेजी: Hamlet (हैमलेट)), गांव, कस्बा आ शहर हो सकत बा। बस्ती ऐतिहासिक गुण जइसे की तारीख भा सदी जे में उ बसावल गइल रहल भा पहिला हाली फलाना द्वारा बसावल गइल रहल इ बात से भी रूबरू होला।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/dc/Flora_OR_-_aerial.jpg/640px-Flora_OR_-_aerial.jpg)
भू-स्थानिक भविष्यवाणी मॉडलिंग के क्षेत्र में बस्ती के मतलब होला शहर, कस्बा, गांव भा मकान कुल के समूह जहां लोग रहेला भा काम करेला। [1]
एगो बस्ती में पारंपरिक तौर पर कुछ बनावल सुबिधा कुल हो सकत बा जइसे की सड़क, खेत के चारो ओर कांट के घेरा, खेत, सीमांकन, क्यारीं, गड्ढा, तालाब, बगइचा, चक्किघर भा मंदिर। [2]