![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/d1/Portrait_Gandhi.jpg/640px-Portrait_Gandhi.jpg&w=640&q=50)
महात्मा गाँधी
भारतीय नेता / From Wikipedia, the free encyclopedia
मोहनदास करमचंद गाँधी (2 अक्टूबर 1869 — 30 जनवरी 1948) जिनके महात्मा गाँधी के नाँव से आ गान्ही महात्मा, गान्ही बाबा आ बापू के नाँव से जानल जाला, भारत के आज़ादी की लड़ाई क एगो प्रमुख राजनैतिक आ आध्यात्मिक नेता रहलन। ऊ सत्याग्रह आ व्यापक सविनय अवज्ञा की सहारे अत्याचार के खिलाफत क शुरुआत करे वाला नेता रहलें। सत्य आ अहिंसा की आधार पर लड़ाई लड़िके भारत के आजादी दियावे में उनके योगदान खातिर उनके पूरा दुनिया में जानल जाला।
Quick Facts मोहनदास करमचंद गाँधी, जनम ...
मोहनदास करमचंद गाँधी | |
---|---|
![]() 1931 में मोहनदास करमचंद गाँधी | |
जनम | 2 अक्टूबर 1869 पोरबंदर, काठियावाड़, भारत |
निधन | 30 जनवरी 1948 (78 बरिस की उमिर में) नई दिल्ली, भारत |
मौत के वजह | गोली मार के हत्या |
राष्ट्रीयता | भारतीय |
दूसर नाँव | महात्मा गाँधी |
शिक्षा | युनिवर्सिटी कॉलिज, लंदन |
परसिद्धि के कारन | भारतीय स्वतंत्रता संग्राम |
राजनीतिक पार्टी | भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस |
जीवनसाथी | कस्तूरबा गाँधी |
संतान | हरिलाल, मणिलाल, रामदास, देवदास |
दसखत | |
![]() |
Close
संस्कृत के महात्मा एगो आदर-सम्मान प्रगट करे वाला शब्द ह जेवना क प्रयोग इनका खातिर रवीन्द्रनाथ टेगौर कइलें। 2 अक्टूबर के उनकी जनम दिन के गाँधी जयंती के रूप में मनावल जाला आ दुनियाभर में एहिदिन अंतरराष्ट्रीय अहिंसा दिवस भी मनावल जाला।
गाँधी टोपी आ चरखा उनकी बिचारधारा क निशान बन चुकuuल बा।