सपाट भूगोलीय इलाका From Wikipedia, the free encyclopedia
मैदान जमीन के अइसन हिस्सा होला जहाँ बहुत ऊँचाई-निचाई के बदलाव न होखे आ सपाट, चाहे लगभग सपाट, सतह होखे। मैदान आमतौर पर निचली घाटी सभ में, पहाड़ के तलहटी में, समुंद्र किनारे के हिस्सा में, भा बिस्तृत पठार के ऊपरी हिस्सा पर पावल जालें।
भूगोल के शाखा भूआकृति बिज्ञान में मैदान के दुसरे क्रम के थलरूप में रखल जाला जेह में एकरे अलावा पहाड़ आ पठार वगैरह आवे लें। एकरे अलावा इनहन के वर्गीकरण उत्पत्ति के आधार पर चाहे लोकेशन के आधार पर कइल जाला। मैदानी इलाका प्राचीन काल से जनसंख्या के बसाव के इलाका रहल हवें जहाँ भी जलवायु बढ़ियां होखे। एही कारन बिस्व के कई मैदानी हिस्सा सभ में जनसंख्या घन पावल जाले। एकरे पाछे मूल कारण खेती खातिर भरपूर आ सपाट-समतल जमीन के उपलब्ध होखल, मवेशी सभ खाती चरहा के सुबिधा वगैरह गिनावल जा सके ला। एह इलाका में रेल, सड़क वगैरह के निर्माण भी आसान होला जेवना कारन आवागमन के बेहतर सुबिधा रहे ले।
अइसन मैदान जे पृथ्वी के चट्टान के कटाव आ भूपदार्थ के स्थानांतरण होखे के बाद कहीं निचाई के जगह पर जमा होखे से बने लें जमाव से बनल मैदान हवें। अंग्रेजी में इनहन के डिपोजिशनल प्लेन कहल जाला। भूपादार्थ के एकट्ठा हो के जमाव से बने वाला ई मैदान भी कई किसिम के हो सके लें। नीचे कुछ प्रमुख प्रकार दिहल जात बाड़ें:
जहाँ कि कौनों जमीनी हिस्सा हवा, पानी भा अउरी कौनों चीज के दुआरा खरोह दिहल जाय आ कटाव के बाद बचल जमीन लगभग सपाट मैदान के रूप ले ले। उदाहरण खाती डेविस के बतावल खरोह चक्र में अंतिम अवस्था में पेनीप्लेन बचे ला जे एक किसिम के उखड़-खाबड़ मैदान होला।
ई अइसन मैदान हवें जे स्वाभाविक रूप से पृथ्वी के चट्टान के कौनों इलाका में अइसन संरचना होखे के कारण बनल हवें आ पट (सपाट) चट्टानी सतह बिना कौनों डिस्टर्बेंस के ओही तरे बचल बा, न एह पर खरोह के परभाव बहुत परल बा न इहाँ खरोह के भूपदार्थ ले आ के जमा कइल गइल बा।
बिस्व के कुछ प्रमुख मैदान सभ के नाँव नीचे उदाहरण के तौर पर दिहल जात बा:
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.