पार्क जेकर इस्तेमाल जियाजंतु आ फेड़-पौधन के कंजर्वेशन खातिर होखे From Wikipedia, the free encyclopedia
नेशनल पार्क (अंग्रेजी: national park) अइसन प्राकृतिक पार्क होला जे प्रकृति के संरक्षण (कंजर्वेशन) खातिर इस्तेमाल होखे ला आ नेशनल लेवल के सरकारन द्वारा सीमांकित आ सुरक्षित होखे ला। बहुधा ई प्राकृतिक, अर्ध-प्राकृतिक भा डेवलप कइल जमीन के हिस्सा होखे ला जेकरा के कौनों संप्रभु राष्ट्र संरक्षित आ सुरक्षित घोषित करे ला आ एकर मालिक होखे ला। अलग-अलग देसन में इनहन के घोषित करे के तरीका आ कानून अलग हो सके लें बाकी सभका में एगो कॉमन बात रहे ला: "बन वाली प्रकृति" (वाइल्ड नेचर) के बाद के पीढ़ी खातिर संरक्षण (कंजर्वेशन) आ एह काम के राष्ट्रिय गर्व के भावना के साथे कइल जाला।[1]
यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका में पहिला पार्क जे अस्थापित कइल गइल, "पब्लिक पार्क भा मनोबिनोद-के मैदान के रूप में लोगन के लाभ आ एंज्वायमेंट खातिर", ई यलोस्टोन नेशनल पार्क रहे 1872 में।[2] भले यलोस्टोन ऑफिशियल रूप से "नेशनल पार्क" के रूप में क़ानून द्वारा अस्थापित ना कइल गइल रहल, इस्तेमाल में हमेशा एही के पहिला आ सभसे पुरान नेशनल पार्क बतावल जाला।[3] हालांकि, टोबागो मेन रिज फॉरेस्ट रिजर्व (जे अब त्रिनिदाद आ टोबैगो में बा; अस्थापित 1776),[4] आ बोग्द खान उल्ल माउंटेन (मंगोलिया, 1778) पर खेतीबारी पर कानूनी रोक लागू कइल गइल रहे, इनहन के सभसे पुरान सुरक्षित (प्रोटेक्टेड) एरिया मानल जाला।[5][6]
एगो इंटरनेशनल संस्था, अंतर्राष्ट्रीय प्रकृति संरक्षण संघ (आईयूसीएन) आ वल्ड कमीशन ऑन प्रोटेक्टेड एरियास (डब्लूसीपीए) मिल के "नेशनल पार्क" सभ के कटेगरी II के प्रोटेक्टेड एरिया घोषित करे लें।[7] आईयूसीएन के मोताबिक साल 2006 में कुल 6,555 नेशनल पार्क के पैमाना पर सही उतरे वाला जगह दुनिया भर में रहलें।[8] आईयूसीएन अभिन ले नेशनल पार्क घोषित करे के पैरामीटर सभ के बारे में चर्चा आ बातचीत क रहल बाटे।
नेशनल पार्क सभ लगभग हमेशा आवाजाही खातिर खुला रहे लें।[9]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.