विकिपीडिया:उल्लेखनीयता
From Wikipedia, the free encyclopedia
विकिपीडिया पर, नोटेबिलिटी एक किसिम के टेस्ट चाहे कसौटी हवे, ई तय करे खातिर कि कौनों बिसय पर अलगा से लेख बनावल जाये लायक बा कि नाहीं।
ई एक ठो प्रस्तावित विकिपीडिया नीति, दिसानिर्देस, या प्रक्रिया बा। प्रस्ताव अभी निर्माण के दौर में हो सके ला, चर्चा में में हो सके ला, या लागू करे खातिर आम सहमति हासिल करे के दौर में हो सकेला। |
विकिपीडिया पर लिखल जाये वाली चीज अइसन होखे के चाहीं जेकर सत्यापन कइल जा सके; अगर कौनों बिसय पर भरोसा आ बिस्वास करे लायक, बिसय के स्वतंत्र स्रोत सभ ना मिलत होखें, अइसन बिसय पर अलग टाइटिल से स्वतंत्र लेख ना बनावल जाये के चाहीं। विकिपीडिया एगो ज्ञानकोश हवे, बिना सोच-बिचार कइले सामग्री सभ के गल्ला लगा देवे के जगह ना हवे; एहीसे ई नोटेबिलिटी के बिचार इहाँ ई तय करे खातिर हवे की एह ज्ञानकोश में अंधाधुंध तरीका से टॉपिक सामिल करे से बचाव हो सके। एह ज्ञानकोश में सामिल होखे वाला लेख आ लिस्ट सभ अइसन बिसय पर होखे के चाहीं जे बिसय नोटेबल होखे, "नोटिस में लेवे लायक होखे"। नोटेबिलिटी के तय करत समय बिसय के परसिद्धी, महत्व आ पॉपुलर होखे नियर चीज जरूरी ना बाटे कि फैसला लेवे के आधार बनें, हालाँकि, अगर बिसय नीचे दिहल गइल दिसानिर्देश सभ के अनुसार ज्ञानकोश में सामिल कइल जाये लायक पावल जाय, तब अइसन चीज सभ बिसय के स्वीकार करे के पक्ष में अउरी बेसी मददगार जरूर हो सके लें। मतलब ई कि दिसानिर्देसवन के मोताबिक अगर नोटेबिलिटी साबित हो रहल होखे तब परसिद्धी, महत्व आ पॉपुलरिटी नियर चीज ओह में इजाफा क सके लें, खुद इनहने के आधार बना के नोटेबिलिटी साबित ना कइल जाये के चाहीं।
कौनों बिसय (टॉपिक) के अलगा टाइटिल से लेख के रूप में रखल जाये लायक मानल जा सके ला[नोट 1]:
- अगर ऊ नीचे दिहल जनरल नोटेबिलिटी दिसानिर्देश पर खरा उतरत होखे; आ
- विकिपीडिया का ना हवे, एह नीति के तहत बाहर न कइल गइल होखे (मने कि एह नीति के उलंघन न करत होखे)।
ऊपर बतावल दुनों चीज के हिसाब से सही होखे की बावजूद एह बात के गारंटी ना बा कि कौनों बिसय पर जरूरी तौर पर अलगा से लेख बनावले जाय। संपादक लोग अपना बिबेक अनुसार कौनों दू गो, चाहे दू से अधिका संबंधित बिसय सभ के एक्के लेख के रूप में बनावे, चाहे पहिले से बनल दू या बेसी लेखवन के एक्के में विलय करे, के बारे में निर्णय ले सके ला।
ई दिसानिर्देस एह बात के रूपरेखा भर बतावे ला कि कौनों बिसय अलगा से लेख भा लिस्ट बनावे खातिर केतना लायक बा। ई दिसानिर्देस सभ लेख या लिस्ट के सामग्री पर (मने की लेख भा लिस्ट के अंदर लिखल जाये वाली चीज पर) कौनों सीमा ना लगावे लें (हालाँकि, कई बेर लिस्ट सभ में कौनों आइटम भा एंट्री के सामिल कइल जाय कि नाहीं एह बात के निर्धारण करे में ई बिचार कइल जाला कि ऊ आइटम भा ओह एंट्री के बिसय नोटेबल बा की नाहीं)[नोट 2]। लेखवन के सामग्री के बारे में (मने की, अंदर लिखल जाये वाली चीज सभ के बारे में) विकिपीडिया के तटस्थ नजरिया, सत्यापनीय चीज, मूल रिसर्च मनाहीं, विकिपीडिया का ना हवे, आ जियत लोग के जीवनी देखल जा सके ला।