सूरीनाम
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
सूरीनाम (अंग्रेजी: Suriname; /-nɑːm/ भा /-nəm/) जेकर ऑफिशियल नाँव सूरीनाम रिपब्लिक बा, दक्खिन अमेरिका महादीप में, अटलांटिक किनारे पर एगो आजाद आ संप्रभु देस बा। सूरीनाम के उत्तरी सीमा अटलांटिक महासागर से, पूरुब ओर फ्रांस (फ्रेंच गयाना से) के साथे, दक्खिन में ब्राजील के साथे आ पच्छिम में गयाना के साथे बने ला। एकर कुल रकबा लगभग 165,000 वर्ग किलोमीटर (1.78×1012 वर्ग फीट), बा आ ई दक्खिन अमेरिका महादीप के सबसे छोट देस हवे।[note 1] सूरीनाम के जनसंख्या 558,368,[1] जेह में से ज्यादातर आबादी उत्तरी किनारा पर आ सभसे बड़ शहर आ राजधानी पारामारिबो में रहे ले।
सूरीनाम रिपब्लिक | |
---|---|
दक्खिन अमेरिका में लोकेशन | |
राजधानी | पारामारिबो 5°50′N 55°10′W |
रकबा | |
• कुल | 163,821 किमी2 (63,252 वर्ग मील) (90th) |
• जल (%) | 1.1 |
जनसंख्या | |
• July 2016 अनुमान | 558,368[1] (166th) |
• 2012 जनगणना | 541,638[2] |
• Density | 2.9/किमी2 (7.5/वर्ग मील) (231st) |
एचडीआइ (2015) | 0.725[3] high · 97th |
सूरीनाम में बिबिध मूलनिवासी लोग रहत रहे जबकि सोलहवीं सदी में यूरोपीयन लोग इहाँ पहुँचल आ अंत में ई 17वीं-सदी में डच लोग के कब्जा में आइल। डच उपनिवेश के दौर में, इहाँ मुख्य रूप से प्लांटेशन के अर्थब्यवस्था रहे आ अफिरका आ भारत के दास लोग पर आधारित रहल। साल 1954 में, ई किंगडम ऑफ नीदरलैंड के हिस्सा के रूप में अस्थापित भइल। 25 नवंबर 1975 ई राजनीतिक रूप से आजाद भ गइल, हलाँकि, बहुत नजदीकी आर्थिक, डिप्लोमैटिक आ सासंकृतिक जुड़ाव अबहिन भी एकर नीदरलैंड के साथे बा।
सांस्कृतिक रूप से सूरीनाम के कैरेबियन देस मानल जाला आ ई कैरेबियन कम्युनिटी (CARICOM) के हिस्सा भी बा। इहाँ के ऑफिशियल भाषा डच हवे जबकि सरनाम नाँव के अंग्रेजी आधारित क्रियोल भाषा ब्यापक रूप से बोलचाल आ संपर्क खाती इस्तेमाल होखे ले। सरकारी, पढाई आ बिजनेस अउरी मीडिया वगैरह में ऑफिशियल भाषा डच के इस्तेमाल होला[4] सूरीनाम एकलौता अइसन देस बा जहां यूरोप से बहरें डच भाषा ब्यापक रूप से चलन में बा। उपनिवेशी शासन आ इतिहास के चलते सूरीनाम के जनसंख्या में नृजातीय बिबिधता बहुत बा आ इहाँ कई धार्मिक आ भाषाई समूह मिले लें। भोजपुरी आधारित बोली इहाँ सरनामी हिंदुस्तानी के नाँव से बोलल जाले।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.