सोवियत यूनियन चाहे सोवियत संघ, ऑफिशियल नाँव यूनियन ऑफ़ सोवियत सोशलिस्ट रिपब्लिक्स (अरथ:सोवियत समाजवादी रिपब्लिक सब के संघ) संछेप में यूएसएसआर एगो समाजवादी राज्य रहे जे यूरेशिया (यूरोपएशिया) महादीप में 1922 से 1991 से अस्तित्व में रहल। ई बस नाँव भर खातिर फेडरल यूनियन रहल काहें की कई गो राष्ट्रीय रिपब्लिक सभ में रूसी एसऍफ़एसआर सभसे पर्भावशाली रहल आ सत्ता एकरे राजधानी मास्को में बहुत बेसी केंद्रित रहल, एकरे अंतिम सालन ले।ई सिंगल पार्टी वाला राज्य रहल जहाँ सोवियत यूनियन के कम्युनिस्ट पार्टी के शासन रहल। मास्को सभसे बड़ शहर आ सत्ता के केंद्र रहल; अउरी महत्त्व वाला शहर सभ में लेनिनग्राद (रूसी एसएफएसआर), कीएव (यूक्रेनियाई एसएसआर), मिन्स्क (बेलारूसी एसएसआर), ताशकंद (उज्बेक एसएसआर) अल्मा-अता (कजाक एसएसआर) आ नोवोसिबिर्स्क (रूसी एसएफएसआर) रहलें। ई दुनिया के सभसे बड़हन देस रहल जेकर कुल रकबा ओह ज़माना में 22,402,200 वर्ग किलोमीटर से बेसी रहल आ ई इगारह गो टाइम जोन सभ में आवे ।

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.