![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/19/Solar_System_true_color.jpg/640px-Solar_System_true_color.jpg&w=640&q=50)
सौर मंडल
सुरुज आ एकर चक्कर लगावे वाला चीजन के परिवार / From Wikipedia, the free encyclopedia
सौर मंडल सुरुज आ एकरी चारों ओर चक्कर लगावेवाला ग्रह आ उन्हन की उपग्रह कुल से मिल के बनल परिवार के कहल जाला। वर्तमान समय में सूर्य क आठ गो ग्रह बाड़ें काहें से कि नौवां ग्रह प्लूटो के 2006 में अनियमित आकार की कक्षा की कारण ग्रहन की लिस्ट से बाहर क दिहल गइल। अब प्लूटो के बौना ग्रह कहल जाला।[1]
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/19/Solar_System_true_color.jpg/640px-Solar_System_true_color.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/3/3c/Size_planets_comparison.jpg/640px-Size_planets_comparison.jpg)
सूर्य की ओर से क्रम से बुध, शुक्र, पृथ्वी, मंगल, बृहस्पति, शनि, यूरेनस (अरुण) अउरी नेपच्यून (वरुण) इहे आठ गो ग्रह बा। सबसे बड़ा ग्रह बृहस्पति हवे आ सबसे छोट बुध। मंगल आ बृहस्पति के बीच में छोट छोट पिंड सभ के पेटी पावल जाले आ एह पिंड सभ के एस्टेरॉइड्स कहल जाला।