गाँव विकास समिति
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख पहिले के स्थानीय इकाई के बारे मे बा, वर्तमान के स्थानीय इकाई खातिर, गाँवपालिका देखल जाय।
गाँव विकास समिति (नेपाली: गाउँ विकास समिति) (गाविस) नेपाल के स्थानीय तह के सबसे निचली प्रशासनिक इकाई रहल। ई गांव स्तर के इकाई लगभग हर गांव में होत रहल। एगो जिला में कईयन गो गांव विकास समिति रहत रहल। जैसे शहर के प्रशासनिक इकाई नगरपालिका होला, वैसे ही गांव खातिर गांव विकास समिति होत रहल। पूरा नेपाल में लगभग 3,157 गांव विकास समिति रहल।[1][2] हर गाविस कईयन गो वार्ड (नेपाली: वडा) में बँटल रहत रहल। वार्ड जनसंख्या के हिसाब से बनावल जात रहल। वार्ड सभ के अधिकतम संख्या 9 रहल।