इमानुएल माक्रों
From Wikipedia, the free encyclopedia
इमानुएल ज्यां-मिशेल फ्रेदेरिक माक्रों (Emmanuel Jean-Michel Frédéric Macron) भा इमानुएल माक्रों (जनम 21 दिसंबर 1977) फ्रांस के राष्ट्रपति आ अंडोरा के प्रिंस (पद के कारण) बाने। एकरे पहिले ऊ फ्रांसोआ ओलांद के सरकार में कई पद पर रह चुकल रहलें।
Quick Facts फ्रांस के राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री ...
फ्रांस के राष्ट्रपति | |
---|---|
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 14 मई 2017 | |
प्रधानमंत्री | एदुआर्द फिलिप |
इनसे पहिले | फ्रांसोआ ओलांद |
निजी जानकारी | |
जनम | इमानुएल ज्यां-मिशेल फ्रेदेरिक माक्रों (1977-12-21) 21 दिसंबर 1977 (उमिर 46) अमेंस, फ्रांस |
राजनीतिक पार्टी | एन मार्च (2016–present) |
अन्य राजनीतिक जुड़ाव | सोशलिस्ट पार्टी (2006–2009) निर्दल (2009–2016) |
जीवनसाथी | ब्रिगेट तुर्गनेव (2007–present) |
निवास | एलिसी महल |
महतारी संस्था | पेरिस विश्वविद्यालय |
दस्खत |
Close
माक्रों, एकरा पहिले सरकारी सेवा में (सिविल सर्वेंट) रहलें आ निवेश बैंकर रहलें। 2006 से 2009 ले माक्रों, फ्रांसीसी सोशलिस्ट पार्टी में रहलें आ साल 2016 के नवंबर महीना में घोषणा कइलेन कि ऊ नया बैनर "एन मार्च" के तहत फ्रांस के राष्ट्रपति के चुनाव लड़िहें। माक्रों के सेंटरिस्ट[1] आ उदारवादी मानल जाला।
मई 2017 में माक्रों, उग्र दक्षिणपंथी मारी ले पेन के हरा के फ्रांस के राष्ट्रपति बन गइलें। 39 बरिस के उमिर में ऊ फ्रांस के अबतक ले के सभसे जुवा राष्ट्रपति बाने।[2]