चट्टान
पृथ्वी के ऊपरी परत के ठोस हिस्सा जे कई खनिज सभ से मिल के बने ला / From Wikipedia, the free encyclopedia
चट्टान (Rock) भा पाथर (stone) प्राकृतिक रूप से पावल जाए वाला ठोस पदार्थ हवे जवन एक भा कई किसिम के खनिज सभ के एकट्ठा होखे आ जम के ठोस हो जाए से बने ला।[1] उदाहरण खाती, ग्रेनाइट एगो बहुत आम चट्टान हवे जवन क्वार्ट्ज, फेल्स्पर आ बायोटाइट नाँव के खनिज सभ से मिल के बनल होले। पृथ्वी के सभसे ऊपरी परत, जेकरा के थलमंडल कहल जाला, चट्टान सभ के बनल हऽ। चट्टान सभ के टूट-फूट से निकले वाला महीन कण वाला पदार्थ सभ जब ठोस रूप में एकट्ठा ना होलें बलुक कुछ फुलफुल होखे लें आ जीवी पदार्थ सभ के साथ मिल जालें, इहे माटी के रूप में धरती के सतह पर पावल जालें।
चट्टान भा पत्थर सब के मनुष्य खाती बिबिध उपयोग बा। प्राचीन काल से इनहन के कई तरीका से इस्तेमाल कइल जा रहल बा आ इनहन से निकले वाला खनिज पदार्थ कई तरह के इस्तेमाल में आवे लें। उदाहरण खाती, सीधे चट्टान भा पत्थर के इस्तेमाल मकान आ सड़क बनावे में होला; दुसरे ओर कोइला जेकरा के जरा के ऊर्जा प्राप्त कइल जाला एक तरह के चट्टाने हवे।
आमतौर पर चट्टान के अरथ हमेशा बहुत कठोर चीज से लिहल जाला, हालाँकि कुछ चट्टान बहुत आसानी से टूटे वाली भी होखे लीं।
चट्टान सभ के बर्गीकरण दू गो आधार पर होला — इनहन के बने के प्रक्रिया आ इनहन में शामिल खनिज पदार्थन के आधार पर। इनहन के तीन गो मुख्य प्रकार में बाँटल जाला — आग्नेय चट्टान, सेडीमेंटरी चट्टान आ रूपांतरित चट्टान। चट्टान के अध्ययन करे वाला एकेडेमिक बिसय के पेट्रोलॉजी कहल जाला, ई एक तरह से भूबिज्ञान के भाग हवे।