नील डेल्टा
उत्तरी मिस्र में नील नदी के डेल्टा जहाँ ई भूमध्य सागर में गिरे ले / From Wikipedia, the free encyclopedia
नील नदी के डेल्टा चाहे नील डेल्टा (अंग्रेजी: Nile Delta) अफिरका महादीप के मिस्र देस के उत्तरी आ निचला हिस्सा में नील नदी द्वारा बनावल डेल्टा हवे जहाँ ई नदी कइयन ठे धारा सब में छितरा जाले आ भूमध्य सागर में गिरे ले।[1] ई दुनियाँ के कुछ सबसे बड़हन डेल्टा में गिनल जाला जेकर बिस्तार पच्छिम में सिकंदरिया (अलेक्जेंड्रिया) से ले के पूरुब में स्वेज नहर के उत्तरी मुहाना पर मौजूद पोर्ट सईद ले बाटे।
एह तरीका से एकर पूरुब-पच्छिम के बिस्तार, भूमध्य सागर के किनारा के रूप में 240 किमी (150 मील) बा[2] आ एकर उत्तर-दक्खिन के लंबाई करीबन 160 किमी (99 मील) बाटे ई क्षेत्र खेती के मामिला में बहुत धनी इलाका हवे। ई लगभग तिकोना आकृति के हवे आ एही के नाँव पर नदी के मुहाना पर बने वाला थलरूप डेल्टा के नाँवे रखल गइल हवे। एह डेल्टाई इलाका के सुरुआत मिस्र के परसिद्ध शहर काहिरा से कुछ नीचे (उत्तर) के बाद होखे ला।[3]