भागीरथी
उत्तराखंड में एगो नदी; अलकनंदा से मिल के गंगा बने ले / From Wikipedia, the free encyclopedia
एही नांव के गंगा के शाखा जेवन बंगाल में बा खातिर, भागीरथी नदी (बंगाल) देखल जाय।
भागीरथी भारत के उत्तराखंड राज्य में बहे वाली एगो हिमालयी नदी बा जेवन हिंदू धर्म में सभसे पबित्र मानल जाये वाली गंगा नदी के दू ठो सुरुआती धारा में गिनल जाले। परंपरा में एकरा के गंगा के मुख्य सोता मानल जाला बाकी जलबिज्ञानी लोग दुसरकी धारा अलकनंदा के मुख्य माने लें काहे से की ऊ एकरा ले लमहर बा।
Quick Facts भागीरथी नदी, नाँव ...
भागीरथी नदी | |
---|---|
नाँव | संस्कृत में भागीरथी माने भगीरथ द्वारा ले आइल गइल |
लोकेशन | |
देश | भारत |
राज्य | उत्तराखंड, |
क्षेत्र | गढ़वाल मंडल |
जिला | उत्तरकाशी जिला, टिहरी जिला |
भौतिक लच्छन सभ | |
Source | गोमुख (गो, गाइ + मुख, मुँह), गंगोत्री कस्बा से करीबन 18 किमी (11.2 मील) के दूरी पर |
- coordinates | 30.925449°N 79.081480°E / 30.925449; 79.081480 |
- elevation | 3,892 मी (12,769 फीट) |
Source confluence | अलकनंदा |
मुहाना | गंगा नदी |
- location | देवप्रयाग, उत्तराखंड, भारत |
- coordinates | 30.146315°N 78.598251°E / 30.146315; 78.598251 |
- elevation | 475 मी (1,558 फीट) |
लंबाई | 205 किमी (127 मील) |
थाला के साइज | 6,921 किमी2 (7.450×1010 वर्ग फु) |
Discharge | |
- average | 257.78 m3/s (9,103 cu ft/s) |
- maximum | 3,800 m3/s (130,000 cu ft/s) |
[1] |
Close
भागीरथी आ अलकनंदा के संगम देवप्रयाग में होला। एही संगम के बाद नदी के नाँव गंगा हो जाला।