अखिलेश यादव (जनम 1 जुलाई 1973) भारत के राजनीतिक नेता बाड़ें आ समाजवादी पार्टी (सपा) के मुखिया बाड़ें। ई उत्तर प्रदेश राज्य के मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़ें जे 15 मार्च 2012 के 38 बरिस के उमिर में एह पद पर पहुँचे वाला अब तक ले के सभसे कम उमिर के ब्यक्ति रहलें।

Quick Facts अखिलेश यादव, उत्तर प्रदेश के 20वाँ मुख्यमंत्री ...
अखिलेश यादव
Thumb
उत्तर प्रदेश के 20वाँ मुख्यमंत्री
कार्यकाल
15 मार्च 2012  19 मार्च 2017
गवर्नरबनवारी लाल जोशी
अजीज कुरैशी
राम नाइक
इनसे पहिलेमायावती
इनके बादयोगी आदित्यनाथ
सांसद, लोकसभा
कार्यकाल
2009  2 मई 2012
सीटकन्नौज
कार्यकाल
2000–2004
कार्यकाल
2004–2009
निजी जानकारी
जनम (1973-07-01) 1 जुलाई 1973 (उमिर 50)
सैफई, इटावा, उत्तर प्रदेश
राष्ट्रीयताभारतीय
राजनीतिक पार्टीसमाजवादी पार्टी
जीवनसाथीडिंपल यादव
संबंध-रिश्तामुलायम सिंह यादव (बाप)
रामगोपाल यादव (चाचा)
शिवपाल सिंह यादव (चाचा)
धर्मेन्द्र यादव (चाचा भाई)
संतान3
निवास5 विक्रमादित्य मार्ग, लखनऊ, उत्तर प्रदेश
महतारी संस्थाधौलपुर सैनिक इस्कूल
मैसूर विश्वविद्यालय
सिडनी विश्वविद्यालय
प्रोफेशनराजनीतिग्य
Close

जीवन परिचय

अखिलेश यादव के जनम 1 जुलाई 1973 के सैफई गाँव में मुलायम सिंह यादव आ उनुके के पहिली मेहरारू मालती यादव के बेटा के रूप में भइल। उनुके माता जी के जल्दिये देहांत हो गइल। आखिलेश के सुरुआती पढ़ाई धौलपुर मलेटरी इस्कूल में भइल। एकरा बाद ऊ मैसूर इन्वर्सिटी से सिविल इंजीनियरी पास कइलें। आगे के पढ़ाई करे खातिर ऊ ऑस्ट्रेलिया चल गइलेन आ उहाँ पर सिडनी विश्वविद्यालय से पर्यावरण इंजीनियरी में मास्टर डिग्री लिहलें।

अखिलेश के पत्नी डिंपल यादव हई जिनसे सन 1999 में बियाह भइल आ आखिलेश आ डिंपल वर्तमान में दू गो बेटी आ एक ठो बेटा के माई-बाप बा लोग।[1][2]

अखिलेश के पहिला राजनीतिक सफलता कन्नौज से सांसद के रूप में चुनल गइल रहल।

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.