अथर्ववेद
From Wikipedia, the free encyclopedia
अथर्ववेद, सभसे पुरान ग्रंथन के रूप परसिद्ध आ हिंदू धर्म में पवित्र मानल जाए वाला चारि गो वेद में से एगो वेद ह। एकरा के सभसे नया (चउथा) बेद मानल जाला, वेदत्रयी (ऋक यजु साम) में एकरा के ना शामिल कइल जाला आ ई ज्यादातर, ई लौकिक चीज[1] सभ के बारे में ज्ञान के भंडार के रूप में बा; आचार बेहवार के तरीका के संकलन हवे[2][3][4] जबकि पहिला तीन गो वेद के बिसय मुख्य रूप से देव स्तुती आ यग्य हवें। वैदिक साहित्य में अथर्ववेद के शामिल बाद में कइल गइल आ कई बिद्वान लोग एकरा के अनार्य परभाव भी स्वीकार करे ला।[5] एह संदर्भ में आर्य कौनों जाति भा प्रजाति (रेस) के अरथ में ना बलुक आर्यभाषा बोले वाला लोग के अरथ में इस्तेमाल होला। कुछ बिद्वान लोग एकरा के क्षत्रिय राजा लोग के अनुरोध चाहे प्रेरणा पर लौकिक कामकाज खाती लिखल गइल ग्रंथ भी माने ला।[6]