ईसा मसीह
यहूदी उपदेशक आ धार्मिक गुरु, ईसाइयत के संस्थापक / From Wikipedia, the free encyclopedia
ईसा मसीह (अंग्रेजी: Jesus, उच्चारण: ज़ीज़स) (c. 4 BC – c. 30/33 AD) जिनके यीशू, जीसस या जीजस क्राइस्ट भी कहल जाला, एगो यहूदी उपदेशक आ धार्मिक नेता रहलें; ईसाई धरम के माने वाला लोग इनके भगवान के बेटा माने ला आ उहे मसीहा (क्राइस्ट) माने ला जिनके बारे में ओल्ड टेस्टामेंट के भविष्यवाणी रहल, जिनके आवे के इंतजार रहल।
Quick Facts ईसा मसीहJesus, जनम ...
ईसा मसीह Jesus | |
---|---|
जनम | ल॰ 4 BC[नोट 1] यहूदा, रोमन साम्राज्य[5] |
निधन | ल॰ 30/33 AD[नोट 2] (aged 33–36) जेरूसलम, यहूदा, रोमन साम्राज्य |
मौत के वजह | सूली चढ़ावल[नोट 3] |
मूल शहर | नाजरेथ, गैलिली[11] |
माईबाप |
|
Close
ईसाइयत के इतिहास के अध्ययन करे वाला लगभग सगरी बिद्वान लोग एह बात पर सनमत बा कि इतिहासी ब्यक्ति के रूप में ईसा के अस्तित्व जरूर रहल, हालाँकि, ईसा के इतिहास के अध्ययन के बाद एह बात पर कि वर्तमान में उनके उपदेश सभ जवना रूप में मिले लें ऊ केतना के इतिहासिक बाने, या फिर बाइबिल में ईसा के जवन बरनन मिले ला ऊ इतिहासी ईसा से केतना अलग बा, दुनों बात पर कवनों आम सहमती नइखे।