उत्तर कोरिया

From Wikipedia, the free encyclopedia

उत्तर कोरियाmap

उत्तर कोरिया पूरब एशिया में एगो देश बाटे। एकर राजधानी आ सभसे बड़हन शहर प्योंगयांग हऽ। एह देस के जमीनी सीमा यालूत्युमेन नदिन के सहारे चीन के साथे बने ला आ सीमा के कुछ हिस्सा रूस के साथे सटल बा। 'कोरियाई गैर-सैन्य क्षेत्र' एकरा के दक्खिन कोरिया से अलग करे ला।

Quick Facts डेमोक्रेटिक पीपल्स रिपब्लिक ऑफ कोरिया, इस्टेटस ...
डेमोक्रेटिक पीपल्स रिपब्लिक ऑफ कोरिया

Thumb
झंडा
Thumb
राजचीन्हा
Thumb
गहिरा हरियर रंग से उत्तर कोरिया शासित इलाका
इस्टेटससंप्रभु राज्य
राजधानी
आ सभसे बड़ शहर
प्योंगयांग
39°2′N 125°45′E
सरकारएकवादी सिंगल-पार्टी राज्य (बैधानिक); डिक्टेटरशिप (बेहवार में)[1]
 सुप्रीम लीडर[2]
किम जोंग-उन
बिधायिकासुप्रीम पीपल्स असेंबली
रकबा
 कुल
120,540 किमी2 (46,540 वर्ग मील) (97वाँ)
 जल (%)
4.87
जनसंख्या
 2016 अनुमान
25,368,620[3] (48वाँ)
 2008 जनगणना
24,052,231[4]
 Density
198.3/किमी2 (513.6/वर्ग मील) (63वाँ)
जीडीपी (पीपीपी)2014 अनुमान
 कुल
$40 बिलियन
 प्रति ब्यक्ति
$1,800
करेंसीउत्तर कोरियाई वोन (₩)
टाइम जोनप्योंगयांग टाइम[5] (यूटीसी+8:30)
ड्राइविंगदाहिने
कालिंग कोड+850
इंटरनेट टीएलडी.kp
Close

एतिहासिक रूप से कोरिया के जापान 1910 में जीत लिहले रहे आ दुसरा बिस्व जुद्ध के खतम भइला पर जापान के समर्पण के बाद कोरिया के दू हिस्सा में बाँट दिहल गइल। उत्तरी हिस्सा सोवियत युनियन के प्रभाव में रहल आ दक्खिनी कोरिया अमेरिका के। फिर से दुनों के एकीकरण के बार्ता बिफल भइला के बाद 1948 में दू गो अलग-अलग सरकार बनल: उत्तर में डेमोक्रेटिक पीपल्स रिपब्लिक ऑफ कोरिया आ दक्खिन में रिपब्लिक ऑफ कोरिया।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.