कबिताई
From Wikipedia, the free encyclopedia
कबिताई (अंग्रेजी: poetry भा verse; संस्कृत: काव्य)[1][2] आदमी की मन की भावना के प्रगट करे क एअगो माध्यम आ साहित्य क एगो किसिम हवे जेवन लय, छंद आ तुक में बन्हल रचना हो सके ले आ अलंकार वाली भाषा क प्रयोग होला। हालाँकि संस्कृत की एगो परिभाषा "वाक्यं रसात्मकं काव्यं" की अनुसार ऊ सगरी वाक्य-रचना जिनहन के पढ़ला-सुनला पर मन में रस के अनुभूति होला, ऊ काब्य - मने कि कबिताई कहालीं। एह नियम परंपरा के हिसाब से कइल रचना कबिता कहालीं जेकर रचयिता लोग कबी (कवि) होला।