मन
सचेत रहे वाला जेकरा चलते भाव-बिचार आ तर्क-बिबेक नियर चीज मनुष्य सभ में पावल जालीं / From Wikipedia, the free encyclopedia
मन (अंग्रेजी: mind) कवनो परानी के अइसन हिस्सा हवे जे ओह परानी के सचेत रूप से कौनों चीज के महसूस करे, समझे, सोचे-बिचारे, चाहत करे, तर्क करे आ निर्णय लेवे में सक्षम बनावे ला।[1][2][3] मन के अध्ययन करे वाला बिज्ञान मनोबिज्ञान ह आ मनोबिज्ञान के जानकार भा रिसर्चर लोग के मनोबैज्ञानिक कहल जाला। मन संबंधी रोग सभ के मनोरोग कहल जाला आ अइसन रोग के इलाज करे वाला डाक्टर के मनोरोग बिसेसग्य, अंग्रेजी में साइकियाट्रिस्ट, कहल जाला।