कुआर
From Wikipedia, the free encyclopedia
कुआर (आश्विन) हिंदू कलेंडर के एक ठो महीना बा।
काशी क्षेत्र में प्रचलन में बिक्रम संवत के अनुसार कुआर साल के सातवाँ महीना होला। अंग्रेजी (ग्रेगोरियन कैलेंडर) के हिसाब से एह महीना के सुरुआत कौनों फिक्स डेट के ना पड़ेला बलुक खसकत रहेला। आमतौर पर ई सितंबर/अक्टूबर के महीना में पड़े ला।
भारतीय राष्ट्रीय पंचांग, जेवन सुरुज आधारित होला, में कुआर सातवाँ महीना हवे आ ग्रेगोरियन कैलेंडर के 23 सितंबर से एकर सुरुआत होले। नेपाल में प्रयुक्त कैलेंडर के हिसाब से ई साल के छठवाँ महीना हवे। बंगाली कैलेंडर में भी ई छठवाँ महीना होला।