From Wikipedia, the free encyclopedia
चंद्रगुप्त मौर्य जे यूनान मे सेंट्रोकोटस नांव से प्रचलित रहन मगध के राजा आ मौर्य साम्राज्य के संस्थापक रहन। चन्द्रगुप्त के सम्राट बने से पहिले सिकंदर उत्तर पक्खिम भारत प चढ़ाई कइले रहे। ई जैन धरम के मानत रहन। यूनानी आ लैटिन मे हिनकर नांव "संद्रोकोटस" आ "अंद्रोकोटस" लिखल बाटे।
चंद्रगुप्त मौर्य | |
---|---|
पहिला मौर्य सम्राट | |
Reign | ल॰ 321 – c. 297 BCE[1] |
Successor | बिंदुसार (बेटा) |
Died | 297 BC[1] श्रावणबेलगोला, कर्नाटक (जैन परंपरा अनुसार)[2] |
Spouse | महारानी दुर्धरा, रानी हेलेना |
Issue | बिंदुसार |
Dynasty | मौर्य |
Father | चंद्रवर्धन[3] |
Mother | महारानी मुरा[4][5] या महारानी धर्मादेवी[6] |
Religion | ब्राह्मण धर्म[4] बाद में जैन धर्म[7] |
चंद्रगुप्त भारत के इतिहास के एगो महत्वपूर्ण बेकत बाड़न। हिनकर सम्राट बने से पहीले सिकंदर उत्तर पक्खिम भारत प आक्रमन कइले रहे। चंद्रगुप्त आपन राज स्थापित कइलन आ आपन राज मे दोसर राज सभ मे मिलइलन। यूनानी राजा सभ हिनकरा ले जुध करे से भागत रहन, सेल्युकस निकेटर - I हिनकरा ले आपन धीया के बियाह कऽ देले रहन।
चंद्रगुप्त के जिनगी के जानकारी जैन, बुद्ध, हिन्दू आ यूनानी लेखन मे मिलेला, बाकिर सभन के कथा तनी अलगा बाटे।[8] हीनकरा दिया क्रमबद्ध जानकारी देवे अला ग्रंथ निम्नलिखित बाड़ऽसन:[9]
जस्टीन के छोड़ के कोनो यूनानी चाहे रोमन लेखक सीधा चंद्रगुप्त के नांव नइखे लेले। ऊ लोग नन्द सभ दिया बात कइले बा। जस्टीन लिखले बाड़न जे चंद्रगुप्त चाणक्य संगे नंद सभ के हरइले रहन।[10]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.