चिंबोराजो
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
चिंबोराजो भा चिम्बोरासो (Chimborazo; इस्पेनी उच्चारण: [tʃimboˈɾaso] ( सुनल जाय); चिंबोरासो) एंडीज परबत के कार्डिलेरा ऑक्सीडेंटल श्रेणी में एगो ठंढा चुकल ज्वालामुखी परबत चोटी हवे। मानल जाला कि एह ज्वालामुखी में अंतिम बेर 550 ईस्वी में बिस्फोट भइल रहे तबसे ई शांत बाटे।
चिंबोरासो | |
---|---|
Highest point | |
ऊँचाई | 6,263.47 मी (20,549.4 फीट) [note 1] |
टोपो प्रामिनेंस | 4,118 मी (13,510 फीट) [1] 18वाँ रैंक |
टोपोग्राफिक बिलगाव | 846 किलोमीटर (526 मील) |
लिस्टिंग | देस के सभसे ऊँच अस्थान अल्ट्रा |
लोकेशन (भूगोलीय) | 01°28′09″S 78°49′03″W |
भूगोल | |
देस | इक्वेडोर |
प्रांत | चिंबोराजो प्रांत |
मूल परबत श्रेणी | एंडीज, कॉर्डिलेरा ऑक्सीडेंटल |
टोपो नक्शा | IGM, CT-ÑIV-C1[2] |
Geology | |
चट्टान के उमिर | पैलियोजीन[3] |
परबत प्रकार | परतदार ज्वालामुखी |
अंतिम बिस्फोट | 550 CE ± 150 साल[4] |
चढ़ाई | |
सहज रूट | ग्लेशियर/बरफ के चढ़ाई (पीडी ग्रेड) |
एह चोटी के ऊँचाई 6,263 मी (20,548 फीट) बा आ ई इक्वेडोर देस में सभसे ऊँच परबत चोटी बाटे।
चिम्बोरासो के सभसे धियान देवे लायक बिसेसता ई बा कि एकर चोटी पृथिवी के केंद्र से सभसे बेसी दूरी पर मौजूद जगह हवे। ओइसे त माउंट एवरेस्ट सभसे ऊँच परबत चोटी हवे बाकी अगर समुंद्र तल से न नाप के पृथ्वी के केंद्र से नापल जाय तब चिंबोराजो के चोटी सभसे ऊँच हो जाले काहें से कि ई भूमध्यरेखा पर स्थित परबत हवे आ पृथिवी भूमध्यरेखा पर कुछ उभार लिहले बाटे। एही तरे अंतरिक्ष से देखल जाय तबो ई सभसे ऊँच चोटी देखलाई पड़ी।
एकरा बावजूद ई एंडीज के 39वाँ सभसे ऊँच चोटी हवे।
माउंट एवरेस्ट नियर एहू परबत चोटी पर चढ़ाई कइल जाला। हालाँकि एह पर चढ़े खातिर बिसेस किसिम के आधुनिक औज़ार सभ के जरूरत पड़े ला।
चिंबोराजो इक्वेडोर देस के चिंबोराजो प्रांत में, क्विटो शहर से लगभग 150 किमी (93 मील) दक्खिन-दक्खिनपच्छिम दिसा में बाटे। ई 5,018 मीटर ऊँच कैरीहुआरासो परबत के बगल में बाटे। चिम्बोराजो परबत के चोटी आसपास के ऊँच इलाका सभ से करीबन 2,500 मीटर बेसी ऊँचाई वाली बाटे आ एकर आधार करीबन 25 किलोमीटर चाकर बाटे। अगर आसमान साफ होखे, चिंबोराजो के चोटी 140 किलोमीटर दूर गुयानकिल शहर से लउके ला। एह पहाड़ से सबसे नगीचे पड़े वाला शहर सभ में रियोबांबा (~30 किलोमीटर के दूरी पर दक्खिनपूर्ब दिसा में), अंबातो (~30 किमी उत्तरपूरुब) आ गुआरंदा (~25 किमी दक्खिनपच्छिम) बाड़ें। चिंबोराजो के चारो ओर के इलाका संरक्षित क्षेत्र हवे (Reserva de Produccion Faunistica Chimborazo)। ई संरक्षित क्षेत्र खासतौर पर इहाँ पावल जाए वाला एगो ऊँट बंस के जानवर वीकून्या (Vicuña), लामा (Llama) आ अल्पाका (Alpaca) सभ के आवास क्षेत्र के रूप में संरक्षित हवे।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.