महीना के नाँव From Wikipedia, the free encyclopedia
जनवरी जूलियन अउरी ग्रेगरियन कैलेंडर के पहिला महीना ह। ई पृथिवी के उत्तरी गोलार्ध में जाड़ा के सीजन के दुसरा महीना होला आ सभसे ठंढा महीना होखे ला; एकरा बिपरीत दक्खिनी गोलार्ध में ई गर्मी के दुसरा महीना होला आ सभसे गरम महीना होला।
1 | 2 | 3 | 4 | 5 | 6 | |
7 | 8 | 9 | 10 | 11 | 12 | 13 |
14 | 15 | 16 | 17 | 18 | 19 | 20 |
21 | 22 | 23 | 24 | 25 | 26 | 27 |
28 | 29 | 30 | 31 |
पहिली जनवरी के दुनियाँ भर के बहुत सारा देसन में नया साल के उपलक्ष में न्यू इयर्स डे मनावल जाला। प्रमुख भारतीय तिहुआर खिचड़ी 14 जनवरी के आ भारत के गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के पड़े ला। महात्मा गांधी के हत्या 30 जनवरी के भइल रहल जेकरा के शहीदी दिवस के रूप में मनावल जाला।
जनवरी एह महीना के नाँव के अंग्रेजी भाषा से देवनागरी लिपि में बदलाव हवे। भोजपुरी इलाका में एकर उच्चारण जनौरी चाहे जनउरी भी होखे ला। मूल अंग्रेजी में एकर उच्चारण जॅन्युअरी चाहे जैन्युअरी होखे ला।
अंग्रेजी के शब्द के मूल लातीनी (लैटिन) भाषा के आइनारियस शब्द हवे; रोमन कथा सभ के देवता जॉनस चाहे आयनस के नाँव के आधार पर जे शुरुआत आ बदलाव के देवता हवे।[1]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.