नेपाल के नगरपालिका सभ के लिस्ट
विकिमीडिया लिस्ट लेख / From Wikipedia, the free encyclopedia
नेपाल में कुल मिला के वर्तमान में 753 स्थानीय निकाय बाड़ी सभ जे में से 6 गो निकाय के महानगरपालिका, 11 गो के उपमहानगरपालिका आ 276 गो के नगरपालिका के सूची में सूचीकृत करल गइल बाटे। ई तरीका से कुल मिला के नेपाल में 293 गो नगर-निकाय बाड़ी सभ।[1] दूसर 460 गो अन्य स्थानीय ग्रामीण-निकाय बाड़ी सभ जे के गाउँपालिका (गाँवपालिका) कहल जाले।
नगरपालिका | |
---|---|
Also known as: नगर निकाय महानगर उपमहानगर | |
काठमांडू, नेपाल के बड़हन शहर (महानगर) | |
श्रेणी | नगरपालिका |
लोकेशन | नेपाल |
संख्या | 6 महानगर 11 उपमहानगर 276 नगर (as of 20 सितम्बर 2015) |
जनसंख्या | 975,453 - 8,370 |
रकबा | 547.43 वर्ग किलोमीटर (5.8925×109 वर्ग फु) - 6.89 वर्ग किलोमीटर (74,200,000 वर्ग फु) |
सरकार | मेयर–काउंसिल |
उपबिभाग | वार्ड |
अगस्त 2017 से पहिले नेपाल में कुल 744 स्थानीय निकाय रहली सभ, जे में बढ़ोतरी करल गइल, 9 गो स्थानीय निकाय प्रदेश संख्या 2 में जोड़ल गइल। ई तरीका से अब नेपाल में 753 स्थानीय निकाय हो गइल बा। [2]
2014 से पहिले तक नेपाल में कुल 58 गो नगर-निकाय रहली सभ। 72 गो नगर-निकाय के स्थापना मई 2014 में आ 61 गो नगर निकाय के स्थापना ओहि साल दिसम्बर में भइल। 26 गो नगर-निकाय सितम्बर 2015 में आ अन्य दूसर 46 गो नगर निकाय मार्च 2017 में घोषित करल गइल।[3][4]