Environment From Wikipedia, the free encyclopedia
पर्यावरणी मुद्दा भा पर्यावरणी समस्या, पर्यावरण पर मनुष्य के नोकसानदेह परभाव हवे। बहुत लंबा समय से ई चिंता के बिसय रहल बाड़ें, बाकी अभिन ले इनहन के सुलझाव पूरा तरीका से ना हो पवले बा।[1] पर्यावरणी मुद्दा सभ के उत्पत्ती मनुष्य के बिबिध सामाजिक समूहन द्वारा अपना आसपास के पर्यावरण से क्रिया-प्रतिक्रिया द्वारा होले आ कौनों समुदाय एह मुद्दा सभ के कइसे परिभाषित करत बा एह बात पर निर्भर करे ला कि ऊ लोग कइसे एह मुद्दा सभ के साथ बेहवार करी।[2]
पर्यावरण संरक्षण, मने कि पर्यावरण के सुरक्षा, में अइसन काम के शामिल कइल जाला जे ब्याक्तिगत, संस्थागत भा सरकारी या अंतरराष्ट्रीय स्तर पर प्राकृतिक पर्यावरण के दसा के मनुष्य के परभाव से सुरक्षा देवे खाती कइल जा रहल बाने; चाहे पर्यावरण के लाभ खातिर भा मनुष्य के फायदा खाती। पर्यावरणवाद, एक तरह के सामाजिक आ पर्यावरणी आंदोलन हवे जवना के तहत पर्यावरणी मुद्दा सभ के साथ निपटे बदे जागरुकता, शिक्षा आ सामाजिक सक्रियता बढ़ावे खातिर काम कइल जाला।[3]
वर्तमान समय में कुछ प्रमुख पर्यावरणी मुद्दा बाने: मानव जनसंख्या में अति, जलवायु बदलाव, प्रदूषण, पर्यावरणी क्षय, जीव बिबिधता में कमी, आ संसाधन क्षय।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.