दक्खिन-पच्छिमी यूरोप में एगो देस From Wikipedia, the free encyclopedia
पुर्तगाल (Portugal) दक्खिनी-पच्छिमी यूरोप में, आइबेरियन प्रायदीप पर एगो संप्रभु राज्य, मने कि आजाद देस बाटे। ई यूरोप के मुख्य जमीन के सभसे पच्छिमी देस हवे जेकरे पच्छिम में अटलांटिक महासागर बा आ उत्तर आ पूरुब में ई स्पेन के साथे सीमा बनावे ला। एकरे राज्यक्षेत्र में एह मुख्य इलाका के अलावे अटलांटिक में मौजूद दीपसमूह अजोर्स आ मदीरिया बाड़ें जे खुदशासित (ऑटोनॉमस) इलाका हवें आ इनहन के आपन क्षेत्रीय शासन बेवस्था बा।
पुर्तगाल रिपब्लिक | |
---|---|
राष्ट्रगान: "A Portuguesa" | |
यूरोप (हलका धानी) में पुर्तगाल (गहिरा हरियर) के लोकेशन | |
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | लिस्बन 38°46′N 9°9′W |
ऑफिशियल भाषा | पुर्तगाली |
रकबा | |
• कुल | 92,212 किमी2 (35,603 वर्ग मील)[1] (109वाँ) |
• जल (%) | 0.5 |
जनसंख्या | |
• 2017 अनुमान | 10,291,027[2] (83वाँ) |
• 2011 जनगणना | 10,562,178[3] |
• Density | 115/किमी2 (297.8/वर्ग मील) (97वाँ) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2018 अनुमान |
• कुल | $328.252 बिलियन[4] |
• प्रति ब्यक्ति | $31,965[4] |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2018 अनुमान |
• कुल | $248.891 billion[4] |
• Per capita | $24,237[4] |
गिनी (2016) | 33.5[5] medium |
एचडीआइ (2015) | 0.843[6] very high · 41st |
करेंसी | यूरो (EUR) |
टाइम जोन | WET (UTC) AZOT (यूटीसी−1) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | WEST (UTC+1) AZOST (यूटीसी) |
Note: Mainland Portugal and Madeira use WET/WEST, the Azores use AZOT/AZOST | |
तारीख प्रारूप | dd/mm/yyyy (CE) |
ड्राइविंग | दहिने |
कालिंग कोड | +351 |
इंटरनेट टीएलडी | .pt |
पुर्तगाल आइबेरिया प्रायदीप के सभसे पुरान राज्य हवे आ यूरोप के सभसे पुरान राज्य सभ में से एक हवे, प्रागइतिहासी समय से अबतक एकर राज्यक्षेत्र लगातार बसत रहल बा, एह पर हमला होत रहल बाने आ जुद्ध होत रहल बाने। प्री-सेल्ट, सेल्ट, कार्थेजिनियन आ रोमन लोग के हमला के बाद एह इलाका पर विसिगोथ आ सुएबी जर्मन लोग के हमला भइल। एगो देस के रूप में पुर्तगाल के अस्थापना मूर जाति के लोगन पर ईसाई "पुनर्विजय" (रिकंक्वीस्ता) के बाद भइल, मूर लोग एह प्रायदीप पर 711 ईस्वी में हमला कइले रहल। 868 में एगो देस के रूप में अस्थापित होखे के बादो आजादी के कोसिस जारी रहल आ,[7] 1128 में साओ मामेद के जुद्ध में, जेह में पुर्तगाली नेता अलफोंस हेनरीकस अपना महतारी के अगुआई वाली सेना के हरा दिहलें, पुर्तगाल के संप्रभुता स्थापित भइल आ अलफोंस हेनरीकस प्रिंस ऑफ पुर्तगाल के टाइटिल हासिल कइलेन, बाद में 1139 में भइल ऑरीक के जुद्ध में पुर्तगाल के राजा के उपाधि धारण कइलेन आ 1143 में जा के आसपास के राज सभ से भइल संधि में पुर्तगाल के संप्रभुता के पूरा तरीका से पहिचान मिलल।[8]
15वीं आ 16वीं सदी में, पुर्तगाल पहिला ग्लोबल साम्राज्य अस्थापित कइलस आ दुनियाँ के सभसे प्रमुख आर्थिक, राजनीतिक आ मलेटरी पावर बनल।[9][10][11] एह दौर में, जेकरा के आज खोज के जुग कहल जाला, पुर्तगाली खोजीयात्री लोग समुंदरी खोज सभ के अगुआ बनल, खासतौर से प्रिंस हेनरी के समय में जिनके नाँव हेनरी दि नेवीगेटर पड़ गइल, आ जॉन दूसरा के समय में ई खोज जारी रहल; हेई काल में बार्थोलोमो डियाज केप ऑफ गुड होप के जतरा (1488) कइलेन, वास्को डी गामा द्वारा भारत के समुंदरी रस्ता खोजल गइल (1497–98) आ यूरोप के लोग ब्राजील के खोज करे में सफल भइल (1500)। एज जमाना में पुर्तगाली लोग मसाला ब्यापार पर एकाधिकार क लिहले रहल, साम्राज्य के बिस्तार एशिया में मलेटरी कैंपेन द्वारा जारी रहल। हालाँकि, भूडोल में लिस्बन के तबाही, नेपोलियानी जुद्ध सभ में देस के फँस जाए आ ब्राजील के आजादी (1822) से पुर्तगाल के भारी नोकसान भइल आ बिस्व शक्ति के रूप में एकर ताकत ओतना ना रहि गइल।[12]
1910 के क्रांति के बाद इहाँ राजा के शासन के अंत भ गइल, डेमोक्रेसी वाला लेकिन अस्थिर पहिला पुर्तगाली रिपब्लिक के अस्थापना भइल आ ई आगे जा के इस्तादो नोवो नाँव के दक्खिन-पंथी सत्तावादी शासन के कब्जा में आ गइल। दोबारा लोकतंत्र के अस्थापन 1974 में कार्नेशन क्रांति के बादे जा के हो पावल आ एही से पुर्तगाली उपनिवेश के जुद्ध के अंत भी भइल। साल 1999 में जब पुर्तगाल मकाऊ के चीन के सउँप दिहलस, औपचारिक रूप से दुनिया के सभसे लमहर चले वाला उपनिवेशी साम्राज्य के अंत भइल।[13] पुर्तगाल के सांस्कृतिक आ भवन निर्माण संबंधी वरासत पूरा दुनिया भर में देखल जा सके ला आ एकर परभाव अभिन ले पूरा ग्लोब पर देख्लाई पड़े ला; लगभग 300 मिलियन पुर्तगाली भाषा बोले वाला लोग, कई गो पुर्तगाली आधारित क्रियोल सभ एह परभाव के सभसे मजबूत सबूत के रूप में देखल जा सके ला। पुर्तगाल आ यूनाइटेड नेशंस के मेंबर बा, यूरोपियन यूनियन में शामिल बा आ नाटो, यूरोजोन आ ओईसीडी नियर समूह सभ के संस्थापक सदस्य रहल बा।
वर्तमान पुर्तगाल एगो बिकसित राष्ट्र बाटे आ हाई-इनकम आ हाई-जीवन-स्तर वाला देस हवे,[14][15][16] सामाजिक प्रगति के मामिला में 20वाँ अस्थान पर बा[17] आ 25वाँ सभसे समृद्ध देस बाटे।[18] ई दुनिया के चउथा सभसे शांति वाला देस हवे[19] पनरहवाँ सभसे सस्टेनेबल देस बाटे,[20] शासन बेवस्था एकात्मक (यूनिटरी), अध-राष्ट्रपतीय आ रिपब्लिक बेवस्था बा।[21][22][23][24][25] एकरे अलावे भी कई मामिला में ई दुनिया में हाई रैंक वाला देस बा, जइसे कि प्रेस के आजादी (14वाँ), एलजीबीटी अधिकार (यूरोप में 7वाँ),[26] नैतिक आजादी में (3सरा) आ सड़क नेटवर्क के मामिला में तीसरा अस्थान पर बाटे।[27][28]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.